[the_ad_group id="30365"]

एक्टर गोविंदा के लागल गोली, अस्पताल में करावल गइल भरती

एक्टर गोविंदा के लागल गोली: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बॉलीवुड अभिनेता अवुरी शिवसेना के नेता गोविंदा से जुड़ल बुरा खबर सोझा आईल बा। अभिनेता के गोली लाग गइल बा. बतावल जाता कि उनुका गोड़ में उनुका खुद के बंदूक से गोली लागल बा। घटना के सूचना सबेरे 4.45 बजे के बतावल जाता। अभिनेता सबेरे कहीं जाए खातीर घर से निकलत रहले कि ओही घरी मिस फायर हो गईल अवुरी उs घाही हो गईले। एकरा तुरंत बाद उनुका के हड़बड़ी में क्रिटी केयर अस्पताल में भरती करावल गईल। पुलिस के मुताबिक गोलीबारी के बाद पुलिस मौका पs पहुंचल।

पुलिस मामला के जांच में जुटल 

अब पुलिस एs मामला के जांच शुरू कs देले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि गोविंदा के बंदूक जब्त हो गईल बा अवुरी मामला के गहराई से जांच कईल जाता। फिलहाल गोविंदा के गोड़ से बहुत खून बहल बा, जवना के चलते उनुकर हालत खराब बतावल जाता। बिगड़त हालत के देखत फिलहाल उनुका के क्रिटी केयर अस्पताल अंधेरी में भरती करावल गइल बा.

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]