Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सदन में टराइल मतदान, सड़की पs मचल घमासान: मेयर चुनाव के लेके आप-भाजपा कर रहल बा एक दूसरा के खिलाफ प्रदर्शन

सदन में मतदान टलला के बाद अब दिल्ली के मेयर के लेके राजधानी के सड़कन पs घमासान मचल बा। दुनो पार्टि एक-दूसरा पs चुनाव टारे के ठीकरा फोड़त आपन-आपन बात के सही ठहरावत प्रदर्शन कर रहल बिया।

2,103

दिल्ली में सोमवार के तीसरा बेर मेयर के चुनाव टलला के बाद मंगलवार के भारतीय जनता पार्टी आ आम आदमी पार्टी एक दूसरा के सोझा सड़क पs आ गईल बाड़ी सs ।

सदन में मतदान टलला के बाद अब दिल्ली के मेयर के लेके राजधानी के सड़कन पs घमासान मचल बा। दुनो पार्टि एक-दूसरा पs चुनाव टारे के ठीकरा फोड़त आपन-आपन बात के सही ठहरावत प्रदर्शन कर रहल बिया।

गौरतलब   बा कि भारतीय जनता पार्टी जहां आप दफ्तर पs प्रदर्शन कर रहल बिया, ओहीजे आम आदमी पार्टी भाजपा दफ्तर पs प्रदर्शन कर रहल  बिया। दुनो पार्टी  एक दूसरा  पs आरोप लगा रहल  बाड़ी सs कि उनके वजह से सदन में बार-बार मेयर के चुनाव टला रहल बा ।

भाजपा के कार्यकर्ता लोग  हाथ में बैनर ले रखले बा  जवना में  लिखल  बा कि नगर निगम होखे   भा विधानसभा आम आदमी पार्टी कर रहल  बिया हंगामा, हंगामा, हंगामा। ओहिजे आम आदमी पार्टी  के कार्यकर्ता अपना  हाथ में जवन प्लकार्ट लेले बाड़े  ओकरा में लिखल बा  “भाजपा वालों शर्म करो, लोकतंत्र की हत्या बंद करो”।

453840cookie-checkसदन में टराइल मतदान, सड़की पs मचल घमासान: मेयर चुनाव के लेके आप-भाजपा कर रहल बा एक दूसरा के खिलाफ प्रदर्शन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.