[the_ad_group id="30365"]

सदन में टराइल मतदान, सड़की पs मचल घमासान: मेयर चुनाव के लेके आप-भाजपा कर रहल बा एक दूसरा के खिलाफ प्रदर्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली में सोमवार के तीसरा बेर मेयर के चुनाव टलला के बाद मंगलवार के भारतीय जनता पार्टी आ आम आदमी पार्टी एक दूसरा के सोझा सड़क पs आ गईल बाड़ी सs ।

सदन में मतदान टलला के बाद अब दिल्ली के मेयर के लेके राजधानी के सड़कन पs घमासान मचल बा। दुनो पार्टि एक-दूसरा पs चुनाव टारे के ठीकरा फोड़त आपन-आपन बात के सही ठहरावत प्रदर्शन कर रहल बिया।

गौरतलब   बा कि भारतीय जनता पार्टी जहां आप दफ्तर पs प्रदर्शन कर रहल बिया, ओहीजे आम आदमी पार्टी भाजपा दफ्तर पs प्रदर्शन कर रहल  बिया। दुनो पार्टी  एक दूसरा  पs आरोप लगा रहल  बाड़ी सs कि उनके वजह से सदन में बार-बार मेयर के चुनाव टला रहल बा ।

भाजपा के कार्यकर्ता लोग  हाथ में बैनर ले रखले बा  जवना में  लिखल  बा कि नगर निगम होखे   भा विधानसभा आम आदमी पार्टी कर रहल  बिया हंगामा, हंगामा, हंगामा। ओहिजे आम आदमी पार्टी  के कार्यकर्ता अपना  हाथ में जवन प्लकार्ट लेले बाड़े  ओकरा में लिखल बा  “भाजपा वालों शर्म करो, लोकतंत्र की हत्या बंद करो”।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]