बाबा साहब के प्रतिमा तुड़े वालन पs होखे कार्रवाई : राजद

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2023

छपरा।  सारण जिला राष्ट्रीय जनता दल के नेता दाउदपुर थाना क्षेत्र अंतर्गत नसीरा पंचायत के तकिया गांव में स्थापित बाबा साहब डॉ. भीमराव आंबेडकर के प्रतिमा के शनिवार के रात के क्षतिग्रस्त कइल गइला के

Share

छपरा।  सारण जिला राष्ट्रीय जनता दल के नेता दाउदपुर थाना क्षेत्र अंतर्गत नसीरा पंचायत के तकिया गांव में स्थापित बाबा साहब डॉ. भीमराव आंबेडकर के प्रतिमा के शनिवार के रात के क्षतिग्रस्त कइल गइला के घटना के कड़ा भर्त्सना कइल लो।

सारण जिला राजद नेता सुनील राय आ जिला प्रवक्ता हरेलाल यादव संयुक्त रूप से बयान जारी कs के कहले बा लो कि कवनो महापुरुष के मूर्ति के तुड़ के ओकर विचारन के समाप्त नइखे कइल जा सकत। एह घटना के जेतना निंदा कइल जाव कम बा।

बहुते जल्द जिला राजद के एगो शिष्टमंडल जिलाधिकारी आ पुलिस अधीक्षक सारण से मिलके एह घटना के त्वरित जांच कs संबंधित दोषी व्यक्तियन पs कठोरतम कानूनी करवाई के मांग करी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.