[the_ad_group id="30365"]

आचार्य रजनीश शरण जी के द्वारा राम कथा के भइल वाचन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चैत नवरात्रि आ रामनवमी के उपलक्ष्य में हिंदू युवा संगठन चकरी द्वारा रघुनाथपुर प्रखण्ड के चकरी राम जानकी मंदिर परिसर में अयोध्या से पधारल कथा वाचक आचार्य रजनीश शरण जी के द्वारा राम कथा के वाचन कइल गइल। कथा सुरू होखला से पहिले कथा वाचक के समिति के सदस्यन द्वारा माला पहिना के  स्वागत कइल गइल जवना में सुरेश शर्मा, योगेन्द्र व्यास, गोपालजी पाण्डेय, दिनेश्वर बरनवाल, भूषण राम, अरविन्द यादव बीरेंद्र राम, रितेश पाण्डेय सामिल भइल लो।

मंच संचालन दिलीप भगत आ सुजीत कुमार निराला कइल लो। मानस पूजन अनिरुद्ध पाण्डेय जी के हाथे भइल। कथा सुरू होखला पs रजनीश जी कहनी कि राम के अवतार रावण के मारे ला ना, बलुक समूचा विश्व के मानव जीवन के कल्याण करे ला भइल रहे। राम जनम के कथा के बाद उहाँ के बतवनी कि बियाह के माने खाली संतान सुख ना बलुक गियान आ भक्ति के मिलन हs।

मनमोहक नृत्य प्रस्तुत करत अयोध्या से आइल कलाकार लो

सजा दो गुलशन को फूलों से अवध में राम आए हैं, आरती रघुवर लाला की सांवरिया नैन विशाला की जइसन भजनन से वातावरण भक्तिमय बन गइल। अयोध्या से आइल महिला कलाकारन द्वारा राधा, कृष्ण आ गोपियन के झाकियन पs मनमोहक नृत्य प्रस्तुत कइल गइल।

रजनीश जी बतवनी कि कथा के दूसरका दिन धूमधाम से राम बियाह के उत्सव मनावल जाई। एह अवसर पs मनोज गुप्ता, हरेराम पाण्डेय, जयनाथ साह, सोनू गुप्ता, विकास बैठा, रवि गुप्ता, किशन, गुड्डू पाण्डेय, विशाल, टुन्ना भगत ,संजय साह सहित सैकड़न गो दर्शक उपस्थित रहल लो। रउआ सभे के बतावत चली  ब कि 02 अप्रिल से रोज रामचरित मानस नवाह परायण पाठ के आयोजन हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]