[the_ad_group id="30365"]

अयोध्या में दलित लड़की से रेप के आरोपी शहबान मुठभेड़ में घायल

अयोध्या में दलित लड़की से रेप के आरोपी शहबान: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के अयोध्या में दलित लईकी के संगे दुष्कर्म के आरोपी के पुलिस मुठभेड़ के बाद गिरफ्तार कs लेले बिया। खबर के मुताबिक शहबान नाम के इs आरोपी अपना दोस्त मोनू के संगे कहीं से आवत रहले कि पुलिस के ओर से होखत जांच देख के उs गोली चला के भागे के कोशिश कईले। पुलिस तुरंत जवाबी कार्रवाई करत मोटरसाइकिल सवार शहबान के गोड़ में गोली मार दिहलस आ उs गिर गइल , जबकि उनुकर दोस्त मोनू अन्हार के फायदा उठावत भागे में कामयाब हो गईले। पुलिस के कहनाम बा कि, आरोपी के खिलाफ संबंधित धारा के तहत मामला दर्ज करा के आगे के कार्रवाई कईल जाता।

‘पुलिस टीम पs फायरिंग’ 

घटना के जानकारी देत ​​एगो पुलिस अधिकारी कहले कि, ‘ बियफ़ें के रात करीब 9 बजे खंडासा थाना सतनापुर नहर के नजदीक गाड़ी के जांच करत रहे, तबे दु संदिग्ध लोग मोटरसाइकिल से आवत देखाई देले पुलिस रुके के संकेत दिहलस बाकीर पुलिस टीम पs गोली चलावत गाड़ी के घुमा के भागे के कोशिश कईले। जवाब में पुलिस टीम भी गोली चलवलस कईलस, जवना में एगो गोली गाड़ी चलावे वाला के गोड़ में लागल, जवना के चलते उs गाड़ी के संगे गिर गईल।

अधिकारी कहले कि, मोटरसाइकिल पs सवार दूसर आदमी अन्हार के फायदा उठावत भागे में कामयाब हो गईल। पूछताछ के दौरान घाही आदमी आपन नाम शहबान अवुरी फरार आदमी के नाम यार मोहम्मद के बेटा मोनू के खुलासा कईले। पूछताछ के दौरान पता चलल कि दुनो दलित किशोरी के संगे बलात्कार के मामिला में वांछित आरोपी बाड़े।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]