[the_ad_group id="30365"]

Shanti Bhushan Passed Away: पूर्व कानून मंत्री शांति भूषण के निधन, 97 साल के उमिर में लेलें अंतिम सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्व कानून मंत्री आ वरिष्ठ वकील शांति भूषण के मंगर के निधन हो गइल। ऊ 97 साल के रहस। ऊ दिल्ली इस्थित अपना आवास पs अंतिम सांस लेलें। शांति भूषण इलाहाबाद हाईकोर्ट में काफी चर्चित ममिला में राजनारायण के प्रतिनिधित्व कइले रहस। 1974 में इंदिरा गांधी के प्रधानमंत्री के पद से हटे के आदेश दिहल गइल रहे। ऊ मोरारजी देसाई मंत्रालय में 1977 से 1979 तक भारत के कानून मंत्री के रूप में काम कइलें।

पूर्व कानून मंत्री शांति भूषण 2018 में सुप्रीम कोर्ट में जनहित याचिका दायर कs के ‘मास्टर ऑफ रोस्टर’ सिस्टम में बदलाव केे मांग कइले रहस। याचिका में गुहार कइल गइल रहे कि रोस्टर के तहत ममिलन के कवनो पीठ के लगे भेजे के सिद्धांत आ प्रक्रिया तय कइल जाये के चाही। शांति भूषण ई याचिका अपना बेटा आ वकील प्रशांत भूषण के माध्यम से दायर कइले रहस।

शांति भूषण कांग्रेस (ओ) पार्टी आ बाद में जनता पार्टी के एगो सक्रिय सदस्य रहस। ऊ 14 जुलाई 1977 से दु अप्रिल 1980 तक राज्यसभा के सदस्यो रहलें। 1980 में ऊ भारतीय जनता पार्टी में सामिल हो गइलें। 1986 में जब भारतीय जनता पार्टी  एगो चुनाव याचिका पs उनकर सलाह ना मनलस, तs ऊ पार्टी से त्यागपत्र दे देलें। शांति भूषण आ उनकर बेटा प्रशांत भूषण अन्ना आंदोलन में सक्रिय रूप से सामिल रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]