[the_ad_group id="30365"]

Accident: नासिक-शिरडी राजमार्ग प बस-ट्रक के टक्कर से10 के मउत आ कई यात्री घायल; मुआवजा के एलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फोटो:दुर्घटनाग्रस्त बस-ट्रक के हालात

Accident: नासिक-शिरडी राजमार्ग पे बस-ट्रक के टक्कर से10 के मउत आ कई यात्री घायल; मुआवजा के एलान

महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे नासिक-शिरडी हाईवे पे भइल बस हादसा में लोगन के मउत पे शोक व्यक्त कइले बान। मरे वाला लोगन के परिवारन के पांच-पांच लाख रुपया के अनुग्रह राशि देवे के घोषना कइले बाने।

विस्तार

महाराष्ट्र के नासिक में शुक्रवार सुबेरे भीषण सड़क हादसा हो गइल। इहा एगो तेज रफ्तार बस ट्रक से टकरा गईल, जेसे 10 लोगन के मउत् हो गईल। पुलिस अधिकारि लोग बतवने,की हादसा में कई गो लोग घायल हो गइल बा। महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे , नासिक-शिरडी हाईवे पे भइल बस हादसा में लोगन के मउत् पे शोक व्यक्त कइले बाने। मरे वाला लोगन के परिवार के पांच-पांच लाख रुपया के अनुग्रह राशि देवे के घोषणा कइले बाने। सीएम , संबंधित अधिकारियन के घटना के जांच के आदेश दिहले बाने ।

मिलल जानकारी के मुताबिक, हादसा सुबेरे करीब सात बजे भइल रहे। बस ठाणे जिले के अंबरनाथ से शिरडी के ओर जात रहे। एहि दौरान नासिक के सिन्नार तहसील में पथारे के लगे ट्रक से टक्कर हो गईल। पुलिस बतवले, की मरे वाला लोगन मे सात गो महिला, दु गो बच्चा आ एगो पुरुष शामिल बा। घायलन के सिन्नार के स्थानीय अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। अधिकारियन के कहल बा कि बस हादसा में लोगन के मउत पे शोक व्यक्त कइले बाने। मरे वाला लोगन के परिवारन के पांच-पांच लाख रुपये के अनुग्रह राशि देवे के घोषना कइले बाने। में कुछ लोगन के हालत गंभीर बनल बा, अइसन में मरे वालन के संख्या बढ़ सकेला। 

पुलिस अधिकारि लोग बतउने कि एगो निजी लग्जरी बस ठाणे जिले के अंबरनाथ से अहमदनगर जिले के शिरडी जात रहे। हादसा मुंबई से करीब 180 किलोमीटर दूर नासिक के सिन्नार तहसील में पठारे शिवर के लगे सुबेरे करीब साढ़े छह बजे भइल। मरे वालन में सात गो महिला, दु गो बच्चा आ एगो पुरुष शामिल बा। घायलन के सिन्नार के ग्रामीण अस्पताल अउर यशवंत अस्पताल ले गइल रहे। कुछ घायलन के हालत गंभीर बतावल जात बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]