Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Accident News: पटना के अटल पथ पs भीषण हादसा ; SUV भगा रहल जुवक के छाती में घुसल रॉड, एक के मौत, तीन गंभीर

246

पटना के अटल पथ पs फेर एगो बड़ हादसा भइल बा। अबकी बेर चौड़ा डिवाइडर में तेज रफ्तार गाड़ी अइसन घुसल कि लोहा के रॉड जहां-तहां टूट गइल आ एगो हिस्सा गाड़ी चला रहल जुवक के सीना में जा घुसल। एह भीषण हादसा के आवाज कइयन किलोमीटर दूर तक सुनल गइल। हादसा में तीन लोग गंभीर रूप से घायल बा, जबकि एक के मौत हो चुकल बा।

जवना जुवक के छाती में रॉड घुसल बा ओकर घर घटनास्थल से कुछे दूर अटल पथ से सटल राजीव नगर के रोड नंबर नव में बा। ओकर पहचान बिल्डर मनोज सिंह के लईका युवराज के रूप में भइल बा। ऊ आईसीयू में एडमिट बा। ओहिजा, मरे वाला जुवक के पहचान सीतामढ़ी निवासी हर्ष कुमार के रूप में भइल बा।

अनियंत्रित होके कार डिवाइडर से टकराइल 

स्थानीय लोगन आ प्रत्यक्षदर्शियन के कहनाम बा कि घटना होखतही घटनास्थल पs अफरातफरी के माहौल हो गइल।लोग बतावल कि नया एक्सयूवी कार अनियंत्रित हो गइला के वजह से दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। घटना होखतही आसपास के लोग उहां पs इकट्ठा होखे लागल आ चालक के कवनो तरे बाहर निकाले के कोसिस करे लागल। स्थानीय लोग घटना के सूचना एसकेपुरी थाना के देलस।

घटना के सूचना मिलतही स्थानीय थाना के पुलिस घटनास्थल पs पहुंचल आ शव के गाड़ी से बाहर निकाले के कवायद सुरू कs देलस। मवका पs पहुंचल थानाध्यक्ष बतवलें कि गाड़ी के स्पीड बहुत तेज बा। गाड़ी तेज होखे के कारण अचानक अनियंत्रित डिवाइडर से टकरा गइल आ टकरइला के बाद पलटत डिवाइडर के बड़ हिस्सा में घुस गइल। ओहिजा, एगो रॉड गाड़ी चला रहल जुवक के छाती में घुस गइल।

15 फरवरी के एगो चालक के छाती में घुसल रहे रॉड

अटल पथ पर पिछला महीना के 15 तारीख के एही तरे के भीषण हादसा भइल रहे। हादसा में तेज रफ्तार कार के चालक के छाती में एही तरे रॉड घुस गइल रहे। कवनो तरे ओकरा के निकालल गइल रहे। बहुते गहिराह सर्जरी के बाद कवनो तरे ओकर जान बचावल जा सकल रहे। अटल पथ पर सांझ आठ बजे से सबेरे सात बजे के बीच रफ्तार के खेल चलत रहेला।

अटल पथ आ एसे जुड़ल गंगा पथ पs 150 के गति से गाड़ी दउड़ावे वाला जुवकन में कइयन के जान जा चुकल बा, एकरा बावजूद रफ्तार थमत नइखे लउक रहल बा। एह सड़क के पैदल पार करे वालन के कारण दिन में कइयन गो हादसा हो चुकल बा, बाकिर देर सांझ से सबेरे के बीच अमूमन बहुत तेज गाड़ी चलावल गइला के कारण घटना हो रहल बा।

760970cookie-checkAccident News: पटना के अटल पथ पs भीषण हादसा ; SUV भगा रहल जुवक के छाती में घुसल रॉड, एक के मौत, तीन गंभीर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.