पटना में मेट्रो टनल निर्माण के दौरान हादसा, 2 मजदूरन के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 29, 2024

पटना। मेट्रो टनल के निर्माण के दौरान मिट्‌टी उठावे वाली मशीन के ब्रेक फेल हो गइल, जवना से दुगो मजदूरन के मौत हो गइल। गाड़ी के चपेट में आइल मजदूरन के शव कइयन टुकड़न में

Share

जमीन से 60 फीट नीचे टनल निर्माण के काम चलत रहे। हादसा के बाद अफरा-तफरी मच गइल।

पटना। मेट्रो टनल के निर्माण के दौरान मिट्‌टी उठावे वाली मशीन के ब्रेक फेल हो गइल, जवना से दुगो मजदूरन के मौत हो गइल। गाड़ी के चपेट में आइल मजदूरन के शव कइयन टुकड़न में बंट गइल। पटना यूनिवर्सिटी के लगे जमीन से 60 फीट नीचे टनल के काम चल रहल बा, एही दौरान सोमार (28 अक्टूबर) देर रात ई हादसा हो गइल।

मजदूर लोग बतावल कि हादसा के वक्त टनल में 25 से जादे लोग काम करत रहे। अचके मशीन के ब्रेक फेल हो गइल आ उ काम करत मजदूरन पs गिर गइल।

मवका पs मौजूद लोग बतावल कि घटना के बाद अफरातफरी मच गइल। मजदूर जान बचावे खातिर एने-ओने भागे लागल लो। टनल में काम कs रहल इंजीनियर आ दूसरको कर्मचारी बाहर निकल गइल को। फिलहाल काम बंद कs दिहल गइल बा। घटना के बाद मेट्रो के कइयन पदाधिकारी मवका से फरार हो गइल। मजदूर हंगामा कइल लो।

ट्रैक पs दउड़ गइल माटी हटावे वाली मशीन, मजदूरन के कुचललस 

निर्माणाधीन पटना यूनिवर्सिटी मेट्रो स्टेशन के लगे 60 फीट नीचे टनल में माटी हटाके ट्रैक बिछावे के काम चलत रहे। ट्रैक पs माटी हटावे के मशीन चलत रहे। करीब 24 से 25 लोग एह दौरान ट्रैक पs काम करत रहे। तब माटी हटावे वाली मशीन के ब्रेक फेल हो गइल आ ऊ सब लोगन के कुचलत आगे बढ़ल। एमे एगो मजदूर के मवका पs मौत हो गइल। ओहिजा दूसरका इलाज के दौरान दम तुड़ देलस। पांच से जादे लोग घायल बा।

पटना यूनिवर्सिटी से गांधी मैदान तक बन रहल बा टनल

मोइनउल हक स्टेडियम से पटना यूनिवर्सिटी तक करीब डेढ़ किलोमीटर टनल के निर्माण कार्य पूरा हो गइल बा। एकरा पूरा हो गइला के बाद 11 जून से पटना यूनिवर्सिटी से गांधी मैदान टनल के निर्माण सुरू भइल। एही निर्माण कार्य के दौरान ई हादसा भइल।

पटना मेट्रो के PRO मोनिषा दुबे कहली कि माटी उठावे वाली मशीन (लोको) के ब्रेक फेल होने के कारण हादसा भइल बा। घायलन के इलाज जारी बा।

पटना मेट्रो में दूसरा हादसा, पहिलहूं एक के हो चुकल बा मौत

पटना मेट्रो के आधिकारिक सूत्रन के मानल जाव तs ई दूसरका हादसा हs। कुछ दिन पहिले पटना डिपो में निर्माण के दौरान हाईवा पs खलासी ना रहे। एह कारण हाईवा के पीछे करे के दौरान चालक के पता ना चलल आ एगो मजदूर के दबके मौत हो गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.