Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आसाराम के गोंडा आश्रम में मिलल बच्ची के लाश:13 साल के किशोरी के शव 8 महीना से खडा कार में मिलल

3 साल पहिले गायब भइल रहने बच्ची के पिता

119
सीवान इन्शुरेंस 720 90

रेप के मामले में जेल में बंद आसाराम के गोंडा आश्रम में कार के अंदर एगो 13 साल के बच्ची की लाश मिलल बा। पुलिस शव के पोस्टमॉर्टम खातिर भेज देहले बा अउर मामला के जांच शुरू कs देहले बा। बच्ची बीतल 3 दिन से अपने घर से गायब रहल। ई आश्रम विमौर गांव में बा। पुलिस पूरे आश्रम के सील कs देहले बा।

आश्रम के चौकीदार बतवलस कि ई कार करीब 8 महीना से इहां खड़ा बा। कार से अचानक तेज बदबू अइले के वजह से जब कार के खोल के देखलस त ओमे लड़की के लाश दिखल जेकरे बाद पुलिस के जानकारी देहलस। पुलिस मौका पर पहुंचकर चौकीदार से पूछताछ कइलस अउर शव निकाल के कार के सील कs देहलस। पहचान छिपवले खातिर बच्ची के चेहरा पर केमिकल डालल गइल बा।

जेल में बंद बाने आसाराम
नाबालिग लड़की से रेप के मामले में आसाराम आजीवन कारावास के सजा काट रहल बाने। एह वक्त आसाराम जोधपुर जेल में बंद बाने। अगस्त 2013 में रेप के मामला के सामने अइले के बाद से आसाराम के गिरफ्तारी भइल। रेप केस में फैसला आवत-आवत करीब 5 साल लाग गइल। एह दौरान आसाराम कब्बो बेल मंगलस त कभी लड़की के नाबालिग मानने से इनकार कर देहलस, लेकिन पीड़िता अउर ओकर वकील हार नाइ मनने।

Middle Yayawari
239360cookie-checkआसाराम के गोंडा आश्रम में मिलल बच्ची के लाश:13 साल के किशोरी के शव 8 महीना से खडा कार में मिलल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.