[the_ad_group id="30365"]

छठ घाट पs पंडाल लगवले के लेके भिड़ गइले AAP विधायक, पुलिस कइलस बीच-बचाव

शख्स से भिड़ गइले अखिलेश पति त्रिपाठी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

दिल्ली के बवाना विधायक जय भगवान उपकार के विवादित वीडियो के बाद आम आदमी पार्टी के एगो अवुरी विधायक के वीडियो सोझा आईल बा। वीडियो में दिल्ली के मॉडल टाउन से आम आदमी पार्टी के विधायक अखिलेश पति त्रिपाठी एs आदमी से झगड़ा करत देखाई देतारे। विधायक अखिलेश पति त्रिपाठी के ई वीडियो बुधवार के हs। पुलिस सूत्र के मुताबिक विधायक अखिलेश पति त्रिपाठी के छठ घाट पs पंडाल लगावे के मामला में एगो आदमी से विवाद भईल रहे। हालांकि पुलिसकर्मी बीच में आके मामला के शांत कs देले। पुलिस के अबे ले ए मामला में कवनो शिकायत नईखे मिलल।

जय भगवान उपकार पs का बा आरोप?

एकरा से पहिले दिल्ली पुलिस आम आदमी पार्टी के विधायक जय भगवान उपकार के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले रहे। आप विधायक पs एमसीडी के अधिकारी के दुर्व्यवहार, अश्लीलता अवुरी गारी-गलौज करे के आरोप बा, जवना के वीडियो भी सोझा आईल बा। असल में दिल्ली नगर निगम अवैध स्लॉटिंग हाउस के खिलाफ कार्रवाई करेला। एकरा तहत दिल्ली नगर निगम के टीम शाहबाद डेयरी इलाका के एगो मांस के दुकान प पहुंचल रहे। एमसीडी के टीम देख के दोकान मालिक इलाका के विधायक जय भगवान उपकार अवुरी निगम के पार्षद रहल के फोन कs के मौका पs बोलवले। विधायक जय भगवान उपकार अवुरी निगम के पार्षद रहल करीब 7-8 समर्थक के संगे मौका पs पहुंचले अवुरी एमसीडी के अधिकारी के बदसलूकी, गारी-गलौज कईले। बीएनएस के धारा 221, 132, 352, 351(2), 325, 3(5), 190, 191(2), 121(1) आ The Prevention of cruelty to animals act 1960 के तहत आप विधायक के खिलाफ मुकदमा दर्ज भइल बा .

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]