[the_ad_group id="30365"]

अरविंद केजरीवाल के आजु गिरफ्तार करे वाली बिया ईडी, AAP नेता लो के दावा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आम आदमी पार्टी आशंका जतवले बिया कि आजु प्रवर्तन निदेशालय अरविंद केजरीवाल के घर पs छापा मार के गिरफ्तार कs सकेला। आधा रात से आम आदमी पार्टी के वरिष्ठ नेता सोशल मीडिया पs गिरफ्तारी के डर जतावे लगले। आप नेता आ दिल्ली सरकार के मंत्री आतिशी सोशल मीडिया पोस्ट में लिखले बाड़न कि खबर आवत बा कि ईडी सबेरे अरविंद केजरीवाल के घर पs छापा मार सकेला आ हो सकेला कि उनुका के गिरफ्तार कs लिहल जाव।

ए पोस्ट के महज 2 मिनट बाद मंत्री सौरभ भारद्वाज भी सोशल मीडिया पs केजरीवाल के गिरफ्तारी के आशंका जतवले। सौरभ भारद्वाज लिखले बाड़न कि सुनल जा रहल बा कि काल्हु सबेरे ईडी मुख्यमंत्री केजरीवाल के घरे चहुँप के गिरफ्तार करे वाला बा।

338 करोड़ घोटाला के पईसा चुनाव में खर्च भईल’

बता दीं कि दिल्ली शराब घोटाला में ईडी दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के 3 गो समन देले बा लेकिन केजरीवाल एक बेर भी हाजिर नईखन भईल। ईडी के आरोप बा कि गोवा चुनाव में आम आदमी पार्टी अवुरी अरविंद केजरीवाल घोटाला के पईसा के 338 करोड़ रुपिया खर्च कईले बाड़े। एह मामिला में सुप्रीम कोर्ट ईडी से आम आदमी पार्टी के नेतृत्व से सवाल पूछे के भी कहले बा।

 

केजरीवाल ईडी के लिखल चिट्ठी में का लिखले?

अब केजरीवाल ईडी के चिट्ठी लिख के कहले बाड़न कि ईडी के व्यवहार मनमानी आ गैर पारदर्शी बा। केजरीवाल पूछले बाड़न कि उनुका के बोलावे के पीछे का कारण बा? एकरा संगे केजरीवाल कहले बाड़े कि समन के मकसद जांच बा कि हमार प्रतिष्ठा के कलंकित कईल बा। केजरीवाल आपन चिट्ठी में ईडी के सोझा हाजिर ना होखे के कारण भी बतवले बाड़े। उनुकर कहना बा कि दिल्ली में होखे वाला राज्यसभा चुनाव में ऊ व्यस्त बाड़न आ 26 जनवरी के तइयारी में भी व्यस्त बाड़न। केजरीवाल ईडी से कहले बाड़न कि उनुका सवालन के लिस्ट भेज दीं, ऊ जवाब दीहें।

साभार- इंडिया tv

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]