[the_ad_group id="30365"]

दीवानीयत के सेट पs सरप्राइस देवे पहुंचले आमिर खान, जानीं का बा मिस्टर परफेक्शनिस्ट के सीरियल से कनेक्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्टार प्लस के लोकप्रिय शो दीवानीयत जवना में विजयेंद्र कुमेरिया (देव) आ कृतिका सिंह यादव (मन्नत) मुख्य भूमिका में बाड़े, एह शो में प्यार, परिवार आ जिनिगी के कठिनाइयन के बारे में बतावल गइल बा. फिलहाल कहानी मन्नत अवुरी देव के बियाह के दौरान जवन कठिनाई अवुरी भावनात्मक उतार-चढ़ाव के सामना करे के पड़ता, ओकरा पs केंद्रित बा। एकरा साथे साथ दर्शकन खातिर एगो आश्चर्यजनक सरप्राइज भी बा। दीवानीयत के कलाकारन आ दर्शकन खातिर एगो खास सरप्राइज राखल गइल. सुपरस्टार आमिर खान स्टार प्लस शो दीवानीयत के सेट पs अचानक से विजिट कइलन आ ई एगो दिल के छूवे वाला पारिवारिक पल निकलल.

आमिर खान अपना बहिन निखत खान से मिले खातिर सेट पs गइल रहले जे एह शो में अहम भूमिका निभावत बाड़ी. पठान में अपना किरदार से आपन पहचान बनावे वाली निखत अब दीवानीयत में अहम भूमिका निभावत बाड़ी. उनकर सरप्राइज विजिट कलाकारन खातिर एगो खुशनुमा पल रहल आ शो के प्रशंसकन खातिर भी ई एगो खूबसूरत सरप्राइज रहल। आमिर खान के ई यात्रा एगो खुशी के पल रहल आ दीवानीयत के कलाकारन खातिर कुछ याद पैदा कइलस जवना के ऊ लोग हमेशा खातिर संजो के राखी.

एहसे पहिले एह शो के एगो रोचक प्रोमो जारी भइल जवना से प्रशंसक सस्पेंस में रहले आ एगो हैरानी के मोड़ के झलक मिलल. प्रोमो में देखावल गइल कि अनचाहा हालात के चलते एक दोसरा से नफरत करे वाला देव आ मन्नत एक दोसरा से बियाह करे वाला बाड़े. प्रोमो के शुरुआत देव आ जीत के खुशी से होला जबकि दोसरा तरफ देव आ मन्नत के बियाह हो रहल बा. अइसना में सवाल उठत बा कि अगर गहिराह प्रेम में पड़ल जीत आ मन्नत के बियाह होखे वाला रहुवे तs मन्नत देव से कइसे बियाह करत बाड़न.

इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘भारतीय सिनेमा के इतिहास में रिलीज भइल रहे अइसन वन-एक्टर फिलिम जवना के गिनीज वर्ल्ड बुक में भइल रहे नाव दर्ज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]