[the_ad_group id="30365"]

ज्ञानवापी पर सबसे बड़ फैसला आजु: शिवलिंग के कार्बन डेटिंग होई कि नाइ, कोर्ट सुनाई फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी के ज्ञानवापी मस्जिद में मिलल कथित शिवलिंग के कार्बन डेटिंग मामले पर आजु फैसला आ सकsता। बतावल जा रहल बा कि दोपहर करीब दू बजे कोर्ट आपन फैसला सुनाई।

बता देईं कि, ज्ञानवापी-मां श्रृंगार गौरी मामिला पर फैसला वाराणसी के जिला जज डॉ. अजय कृष्ण विश्वेश के कोर्ट में सुनावल जाई। ज्ञानवापी मस्जिद के वजूखाने में मिलल कथित शिवलिंग के भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण यानि ASI से वैज्ञानिक पद्धति से जांच के मांग पर आजु बड़ फैसला आ सकsता।

शिवलिंग के आकृति के कार्बन डेटिंग करावे के आवेदन पर जिला जज डॉ अजय कृष्ण विश्वेश के अदालत में 12 अक्तूबर के सुनवाई भइल रहे। सुनवाई के बाद आदेश खातिर 14 अक्तूबर यानि आज के तिथि नियत कइल गइल बा।

12 अक्तूबर को सुनवाई के दौरान अंजुमन इंतजामिया आपन पक्ष रखलें। फिर वादिनी संख्या 2 से 5 तक के अधिवक्ता विष्णुशंकर जैन प्रति उत्तर में हिंदू पक्ष के दलीलें पेश कइलें। जबकि वादिनी संख्या एक के अधिवक्ता मान बहादुर सिंह कौनो भी दलील देहले से इनकार कs दिहलें, तब अदालत आदेश खातिर 14 अक्तूबर के तिथि नियत कs दीहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]