[the_ad_group id="30365"]

आज यूपी में हिंसा भड़कावे के कोशिश : प्रयागराज में शिवलिंग के अंडा चढ़ावल मिलल, पुजारी जी कहले – माहौल बिगड़ल ना जाए दिहल जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शनिचर का दिने यूपी के प्रयागराज में फेरू दंगा भड़कावे के कोशिश कइल गइल. इहाँ के शिवकुटी में स्थित कोटेश्वर महादेव मंदिर के शिवलिंग प कुछ शरारती लोग अंडा देले। इ जानकारी मिलते भीड़ उहाँ जुटे लागल। शिव के भक्तन में आक्रोश बा।

मंदिर के पुजारी बतवले कि रात में अंडा चढ़ावल मिलल। मंदिर में कवनो ताला नइखे। छह फीट ऊँच जाली बा। जाल पार क के एगो अंडा चढ़ा दिहल गइल। सबेरे जब पूजा खातिर उठनी त शिवलिंग प एगो अंडा डालल गईल। पुजारी कहलन कि अंडा निकाल दिहल गइल बा. कुछ लोग प्रयागराज के माहौल बिगाड़े के कोशिश करतारे, लेकिन हमनी के माहौल बिगड़ल ना जाए देम। अंतर्राष्ट्रीय ब्राह्मण महासभा के संयोजक राजेन्द्र प्रसाद द्विवेदी कहले कि मंदिर में पुलिसकर्मी के तैनाती करे के चाही अवुरी सीसीटीवी कैमरा लगावे के चाही। माहौल बिगाड़े वाला लोग पर मुकदमा दर्ज करावल जाई.

शिवकुटी के पार्षद कमलेश तिवारी बतवले कि, भगवान कोटेश्वर महादेव के मंदिर गंडक के किनारे स्थित बा। मानल जाला कि एकर स्थापना भगवान राम अपना हाथ से कइले बाड़न।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]