Aadhaar Card New Update : अब आधार पs ना लउकी पता आ जन्मतिथि, फोटो आ QR कोड से होई पहचान; जानीं काहे हो रहल बा ई बदलाव

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 21, 2025

Aadhaar Card New Update: आधार कार्ड में अब बड़ बदलाव होखे जा रहल बा। आधार कार्ड से पता (Address) आ जन्मतिथि (DoB) हटावल जा सकेला। UIDAI (यूनिक आइडेंटिफिकेशन अथॉरिटी ऑफ इंडिया) जल्दिये नया टाइप के

Share

Aadhaar Card New Update: आधार कार्ड में अब बड़ बदलाव होखे जा रहल बा। आधार कार्ड से पता (Address) आ जन्मतिथि (DoB) हटावल जा सकेला। UIDAI (यूनिक आइडेंटिफिकेशन अथॉरिटी ऑफ इंडिया) जल्दिये नया टाइप के आधार कार्ड ले आवे के प्लान में बा, जवना में बस फोटो आ QR कोड होई। मतलब अब ना पता रही, ना जन्मतिथि, ना बाकी निजी जानकारी।

ई जानकारी UIDAI के CEO भुवनेश कुमार मंगर के देलें। उनकर कहनाम बा कि ई कदम पर्सनल डेटा के दुरुपयोग रोके आ ऑफलाइन वेरीफिकेशन पs नियंत्रण खातिर जरूरी बा।

ई बदलाव काहे बा जरूरी?

भुवनेश कुमार बतवलें कि दिसंबर में नया नियम लागू हो सकेला, जवन होटल, ईवेंट आयोजक, बैंक आदि जगहन पs आधार कार्ड के फोटो कॉपी के लेके ऑफलाइन वेरीफिकेशन के रोक दिही।

ऊ कहलें-

“कार्ड पs पूरा डिटेल छपल रही तs लोग ओकरा के असली समझी, फोटो कॉपी रखी आ दुरुपयोग करी। एकरा से अब बस फोटो आ QR कोड रहला से गलत इस्तेमाल रुकी।”

UIDAI के हिसाब से

  • आधार एक्ट में पहिलही से ऑफलाइन वेरीफिकेशन पs रोक बा
  • बावजूद एकरा होटल, बैंक, कंपनी आदि आजो फोटो कॉपी राख रहल बा
  • नया कानून के मकसद ई बा कि ऑफलाइन कॉपी वेरीफिकेशन पूरा तरे से बंद होखे
  • आधार खाली QR कोड भा नंबर से ऑनलाइन ऑथेंटिकेशन होई

“आधार के डॉक्यूमेंट मत बनाईं, खाली नंबर भा QR कोड से वेरिफाई करीं। कागज पs छपल चीज नकलियो  हो सकेला।”

नया Aadhaar ऐप mAadhaar के जगह ली

UIDAI बैंक, होटल, फिनटेक कंपनी सब से कह दिहल गइल बा कि नया आधार ऐप जल्दिये लॉन्च होई, जवन mAadhaar ऐप के रिप्लेस कs दी। ई ऐप Digital Personal Data Protection Act के हिसाब से बनावल जा रहल बा आ 18 महीना में पूरा लागू हो जाई।

नया आधार ऐप में मिली ई सुविधा मिली

  • एड्रेस प्रूफ अपडेट
  • बिना मोबाइल वाला परिजनन के जोड़ल जा सकी
  • फेस ऑथेंटिकेशन से मोबाइल नंबर अपडेट
  • इवेंट, होटल चेक-इन, सिनेमा, उम्र-जांच, छात्र वेरिफिकेशन, सोसाइटी एंट्री-सब जगह QR-बेस्ड वेरिफिकेशन
  • पूरा प्रोसेस डिजिटल आ सुरक्षित

Aadhaar वेरीफिकेशन कइसे होई?

  1. आधार होल्डर QR कोड OVSE स्कैनर में दिखाई।
  2. सिस्टम फेस वेरिफिकेशन मांगी।
  3. एकरा से इहो साबित होई कि आधार होल्डर खुद सामने मौजूद बा।
  4. OVSE ऐप के मंजूरी जल्द खुली, तब तकनीकी जोड़-घटाव होई।

Read Also: ED Action : अवैध कोयला खनन मामला में ED के बड़हन एक्शन, बंगाल-झारखंड में 40 से ढेर ठिकानन पs रेड

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.