[the_ad_group id="30365"]

बिहार निकाय चुनाव टलला के बादो लागू बा आचार संहिता, शहरी विकास कार्य ठप, BJP CM नीतीश से कइलस ई मांग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Politics: पूर्व उपमुख्यमंत्री आ राज्यसभा सदस्य सुशील कुमार मोदी कहलें कि नीतीश कुमार के जिद के कारण निकाय चुनाव टल गइल, जवन से अतिपिछड़ा वर्ग के सईयन लोग मेयर-डिप्टी मेयर बनला से वंचित रह गइल।

‘स्थिति के स्पष्ट करे नीतीश सरकार’

सुशील मोदी कहलें कि हाई कोर्ट के फसीला के बादो भलही सरकार झुकल आ अति पिछड़न के राजनीतिक आरक्षण देवे खातिर अति पिछड़ा वर्ग आयोग के पुनर्जीवित क दिहल गइल, बाकिर अभी तय नइखें कि कब आयोग के रिपोर्ट आई आ चुनाव कब होई? ऊ कहलें कि निकाय चुनाव जब कबो होई, तब फेर से नामांकन करे के होई भा पहिलही के नामांकन मान्य होई, इहो स्पष्ट नइखे।

चुनाव टल गइल जाकर बाकिर आचार संहिता लागू

बीजेपी नेता आगे कहलें कि निकाय चुनाव टल गइल, बाकिर आचार-संहिता लागू बा, एहिसे पूरा राज्य में शहरी विकास के कवनो नया काम नइखे हो रहल। ऊ कहलें कि एह सब बातन खातिर नीतीश कुमार जिम्मेदार बा। सरकार चुनाव के तारीख के बारे में स्पष्ट घोषणा करे, ताकि ऊहापोह के स्थिति समाप्त होखे।

जिद के चलते सीएम केहूओ के ना सुनलें

बीजेपी नेता आगे कहलें कि जब महाराष्ट्र आ मध्य प्रदेश में निकाय चुनाव प रोक लगवला के हवाला देके एजी आ राज्य निर्वाचन आयोग अतिपिछड़न के आरक्षण देवे खातिर विशेष आयोग बनावे आ ओकरा रिपोर्ट के अनुसार निकाय चुनाव करावे के मंतव्य देलस, तब नीतीश कुमार केहूओ के एक ना सुनलें। मुख्यमंत्री के राजहठ के कारण अतंत: निकाय चुनाव प रोक लागल आ उहे करे के पड़ल, जवन पहिलही कइल जा सकत रहे। एकर खामियाजा अतिपिछड़न के उठावे के पड़ल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]