[the_ad_group id="30365"]

चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी०जी० कॉलेज में मतदाता जागरूकता विषय पऽ दू दिवसीय कार्यशाला के समापन भइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आज दिनांक 02/04/2024 के  चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी०जी० कॉलेज में मतदाता जागरूकता विषय पऽ दू दिवसीय कार्यशाला के समापन भइल। लोकतंत्र के मजबूत बनावे आ महानतम लोकतंत्र के स्थापना खातिर सब कोई के मतदान करे के चाहीं। कार्यक्रम में बतौर मुख्य अतिथि डॉ० महेन्द्र कुमार सिंह असिस्टेंट प्रोफसर राजनीति विज्ञान विभाग दी०द०उ०गो०वि०वि० गोरखपुर ई बात कहले ओकरा साथे डा० महेंद्र सिंह कहले कि –

मतदान खातिर जागरूकता के अब जरूरत ना होखे के चाहीं काहें की लोग जागरूक बा बाकिर जदि जरूरत पड़ल तऽ काहें पड़ल, जवन अधिकार मिलल बा ओकरा के इयाद दिआवे खातिर एकर जरूरत बा। राजनीति के प्रति लोग के भितरी जवन एगो आकांक्षा जन्म लेवेला उऽ कहीं ना कहीं सब चीज से मैच ना कर पावेला आ एहिसे नकारात्मक चीज बने लागल आ लोग वोटो देवहूं से भागे लागेला। राजनीति से दूर हो रहल लोग जे राजनीति के प्रति कुछ चीज के लेके नकारत्मक हो गइल बा उऽ लोगन के जागरुक कइल जरूरी बा। ई समझावल जरूरी बा कि “लोकतंत्र के वोट के जरिये आउर मजबूत बनावल जा सकत बा” एक – एक वोट के मोल समझल जरूरी बा, एहिसे जागरुकता जरूरी बा।

कार्यशाला में वोटिंग सेल्फी प्वांइट प्रतियोगितो के आयोजन कइल गइल । जिसमें छात्रा लो  बढ – चढ के हिस्सा लेहल। ओकरा साथे – साथे मतदान जागरुकता खातिर छात्रा लो के शपतो दिआवल गइल।

महाविद्यालय प्रबन्धक डॉ० विजयलक्ष्मी मिश्रा छात्रा लो के सम्बोधित करत कहली कि मतदान हमनी के अधिकार हऽ एहिसे हमनी सब कोई के ए महापर्व में शामिल होखे के चाहीं। कार्यक्रम के संचालन डॉ प्रीति त्रिपाठी कइली। आभार ज्ञापन महाविद्यालय प्राचार्य डॉ० सुमन सिंह आ कार्यक्रम के संयोजन विभागाध्यक्ष डॉ० स्वप्निल पाण्डेय आ सहायक आचार्य श्रेया द्विवेदी कइली। ए अवसर पऽ महाविद्यालय के समस्त छात्रा लो आ शिक्षकगण उपस्थित रहलें। कार्यक्रम के समापन वन्देमातरम से भइल।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]