[the_ad_group id="30365"]

छापेमारी: पुलिस हाइवे पs खुद पार करा रहल बिया बालू लदल गाड़ी, दिखावा खातिर छापेमारी जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अवैध बालू खनन आ ढोआई पs रोक काहे नइखे लाग रहल, जबकि पुलिस आ प्रशासन के ओर से घाटन पs छापेमारी कइल जा रहल बा। एह सवाल के जवाब ई बा कि पुलिस खुद हाइवे पs नो इंट्री में रुपिया लेके बालू लदल वाहनन के पार करा रहल बिया, जबकि दिखावा खातिर घाटन पs छापेमारी कर रहल बिया। ई छापेमारियो खाली ओही घाटन पs कइल जा रहल बा, जहां से स्थानीय पुलिस अवैध वसूल नइखे कs पा रहल। अइसन घाटन पs दहशत फइलावे खातिर पुलिस सैकड़न के संख्या में पहुंचके घाट पs मवजूद हर केहू के पिटाई कs रहल बिया आ लूटपाट मचा रहल बिया। अभी एक दिन पहिलही तिवारी घाट पs प्रशासनिक अधिकारियन के मौजूदगी में डोरिगंज थाना पुलिस कइयन गो आम लोगन के पीटके हाथ गोड़ तूर देले रहे, जबकि कइयन गो दुकानन से खाद्य पदार्थ आ नकदी लूट लेले रहे।

एह बाबत स्थानीय लोग बिहार सरकार के खनन विभाग आ गृह मंत्रालय के चिट्ठियों लिखले बा। स्थानीय लोगन के मोताबिक, डोरीगंज थाना पुलिस के कार्यशैली के जहां अवैध बालू लदल ओवरलोडेड ट्रक आ ट्रैक्टर खुलेआम दिन के अंजोर में पुलिस प्रशासन के देखरेख में पास करावल जाला, जवना कारण आए दिन जाम के समस्या से लोग परेसान हो रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]