पटना से नई-दिल्ली खातिर एक जोड़ी पूजा स्पेशल ट्रेन: छठ के बाद चलावल जाई

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 7, 2024

त्योहारन के अवसर पs यात्रियन के सुविधाजनक आवागमन खातिर कइयन गो पूजा स्पेशल ट्रेनन के परिचालन कइल जा रहल बा। एही कड़ी में छठ महापर्व बाद नई दिल्ली जाये वाला यात्रियन के सुविधा खातिर एक

Share

त्योहारन के अवसर पs यात्रियन के सुविधाजनक आवागमन खातिर कइयन गो पूजा स्पेशल ट्रेनन के परिचालन कइल जा रहल बा। एही कड़ी में छठ महापर्व बाद नई दिल्ली जाये वाला यात्रियन के सुविधा खातिर एक जोड़ी अतिरिक्त पूजा स्पेशल ट्रेन के परिचालन कइल जाई। एह संबंध में पूर्व मध्य रेल हाजीपुर के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी सरस्वती चंद्र के ओर से प्रेस विज्ञप्ति जारी कs के जानकारी दिहल गइल बा।

गाड़ी संख्या 03329 पटना-नई दिल्ली पूजा स्पेशल 09.11.2024 आ 11.11.2024 के पटना से 14:05 बजे खुलके दानापुर, आरा, बक्सर, पंडित दीन दयाल उपाध्याय जंक्शन के रास्ते अगिला दिन 08:00 बजे नई दिल्ली पहुंची। एही तरे वापसी में गाड़ी संख्या 03330 नई दिल्ली-पटना पूजा स्पेशल 10.11.2024 आ 12.11.2024 के नई दिल्ली से 09.30 बजे खुलके पंडित दीन दयाल उपाध्याय जंक्शन, बक्सर, आरा, दानापुर के रास्ते अगिला दिन 02:20 बजे पटना पहुंची।

मालूम होखे कि छठ महापरब के अवसर पs यात्रियन के सुविधा खातिर पूर्व मध्य रेलवे एक जोड़ी अतिरिक्त पूजा स्पेशल ट्रेन चलावे के निर्णय लेले बा। जवना से नई दिल्ली जाये वाला यात्रियन के सुविधाजनक यात्रा हो सकी। ई ट्रेन छठ पूजा के बाद चलावल जाई, जवना से लोगन के अपना गंतव्य तक पहुंचे में आसानी होई। एकरा पहिलहूं दिवाली आ छठ पूजा के मवका पs कइयन गो पूजा स्पेशल ट्रेन चलावल गइल बाड़ी सs।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.