[the_ad_group id="30365"]

ग्रुप में मैसेज रिएक्शन पs काम कर रहल बा व्हाट्सऐप प

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेटा कम्पनी के स्वामित्व वाला मैसेजिंग प्लेटफार्म व्हाट्सऐप एह दिनन नाया-नाया फीचर लेके अपना यूजर के सोझा आ रहल बा आ कतने नयका फिचरन पs काम कर रहल बा। अब नाया खबर ई बा कि उ अब जल्दिए एगो नाया फीचर के संगे आई जवना पs उ काम कर रहल बा। एह फीचर में यूजर के आईओएस अनाउंसमेंट ग्रुप के मैसेज पs रिएक्ट करे के अनुमति मिली । ई फीचर अभी आईओएस के बीटा यूजर खातिर जारी कईल गइल बा ।रिपोर्ट के अगर मानल जाए तs ई कम्यूनिटी मैसेज रिएक्शन आम मैसेज पs दिहल गईल रिएक्शन लेखा हो सकेला । वेबटाइन्फो के रिपोर्ट में कम्यूनिटी अनाउंसमेंट ग्रुप में मैसेज रिएक्शन के जानकारी दिहल गईल बा ।रिपोर्ट के अनुसार , व्हाट्सऐप आपन बीटा यूजर खातिर एगो इन ऐप बैनर जारी कइले बा। एह बैनर के जरिए यूजर अपडेट के बाद चैट में रिएक्शन देबे अउरी देख पावे के सुविधा मिली ।रिपोर्ट में एकर स्क्रीनोंशॉट शेयर कईल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]