[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: मजदूर के ईंटा से मारके हत्या, आरोपी गिरफ्तार- देर रात के घटना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रामगढ़ताल इलाका में बियफ़ें के रात 12 बजे एगो मजदूर के ईंटा से मारके हत्या कs दिहल गईल। मरेवाला कन्हई निषाद रामगढ़ताल इलाका के महेवा में एगो घर के देखभाल करत रहले। शराब के नशा में एगो आदमी उहाँ पहुंच के कन्हई से बहस करे लागल। कुछ ही देर में विवाद एतना बढ़ गईल कि उs कन्हई पs ईंट से हमला कs देले।

घायल कन्हई के परिवार के लोग इलाज खातीर जिला अस्पताल ले गईले। जहां डाक्टर लोग उनकर हालत गंभीर देख के मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहले। बीआरडी मेडिकल कॉलेज में इलाज के दौरान मउत हो गईल। घटना के बाद पुलिस कन्हई के बेटा रमाकांत के शिकायत पs हत्या के मामला दर्ज कs आरोपी हरिओम पांडे के गिरफ्तार कs लेले बिया। पुलिस ओकरा से हत्या में इस्तेमाल भईल ईंट भी बरामद कs लेले बिया।

इहो पढ़ी: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]