Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्वर्ण व्यवसायी से चाकू मारके 1 लाख के आभूषण आ मोबाइल के छिनतई, घर लवटला के दौरान वारदात के दिहल गइल अंजाम

255

सीवान। सीवान में सोमार के रात करीब 9:30 बजे अपराधी एगो स्वर्ण व्यवसायी के चाकू मारके पास में रखल सोना के आभूषण सहित मोबाइल आ पईसा के छिनतई कs लेले  सs। घटना जिला के बरहड़िया थाना क्षेत्र के भलुआ आ पकड़ी गांव के बीच भइल। पीड़ित रितेश कुमार सोनी बा जवन बरहड़िया थाना क्षेत्र के सुल्तानपुर बाजार पs आपन ज्वैलरी के दुकान चलावेले।

सोमार के रात ऊ आपन दुकान बंद कs के अपना घरे वापस लवटत रहलें। एही दौरान भलुआ आ पकड़ी गांव के बीच एगो बाइक पs सवार तीन के संख्या में आइल अपराधी उनका के घेर लेले आ हथियार भय दिखाके रितेश के संगे छिनतई कइल शुरू कs देले सs।

विरोध कइला पs मरलस चाकू

स्वर्ण व्यवसाय रितेश जब एकर विरोध कइल तs अपराधी पेट में चाकू मार देले सs आ पास में रखल लगभग ₹100000 मूल्य के सोना के आभूषण, एगो मोबाइल आ ₹2000 उहां से छीन के फरार हो गइले सs। ओहिजा घायल अवस्था में पड़ल देख स्थानीय लोग पहिले अस्पताल में भर्ती करावल आ परिजनन के सूचना दिहल लो। जहां प्राथमिक उपचार कइला के बाद परिजन उनका के सीवान सदर अस्पताल में भर्ती करावल लो। जहां इलाज जारी बा।

आवेदन मिलला पs होई कार्रवाई

बड़हरिया थानाध्यक्ष बतवलें कि फिलहाल घायल के इलाज चल रहल बा। उनका आवेदन के आधार पs आगे के कार्रवाई कइल जाई। पुलिस अपराधियन के पकड़े में जुट गइल बिया।

702150cookie-checkस्वर्ण व्यवसायी से चाकू मारके 1 लाख के आभूषण आ मोबाइल के छिनतई, घर लवटला के दौरान वारदात के दिहल गइल अंजाम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.