[the_ad_group id="30365"]

जौनपुर जा रहल फॉर्च्यूनर कार आगरा-लखनऊ एक्सप्रेस-वे पऽ ट्रक में घुसल, हादसे के बाद सड़क पऽ मचल चीखपुकार, नौ गो लोग रहे सवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आगरा लखनऊ-एक्सप्रेस-वे पऽ ट्रक में घुसल तेज रफ्तार कार। ए हादसा में लोग गंभीर रूप से घायल भइल बाड़े। गंभीर रूप से घायल दुनु लोग के सैफई पीजीआई हॉस्पिटल भेजल गइल बा। उहें क्षतिग्रस्त गाड़ी के कठफोरी समीप खड़ा करा के हाईवे के सुचारू करा दिहल गइल। कार सवार चंडीगढ़ से जौनपुर खातिर निकल रहले कि रास्ते में हादसे के शिकार हो गइले।

शिकोहाबाद/फिरोजाबाद। आगरा-लखनऊ एक्सप्रेस-वे पऽ नगला खंगर थाना क्षेत्र अंतर्गत माइल स्टोन 72.100 पs आगे जा रहल एगो ट्रक में पीछे से आ रह फॉर्च्यूनर गाड़ी घुस गइल। जवना से गाड़ी में सवार दू लोग गंभीर रूप से घायल हो गइले, जबकि कुछ आउर लोग के हल्का – फुल्का चोट आइल बा। कार में नौ गो लोग सवार रहे।

चंडीगढ़ से जौनपुर जात रहें कार सवार लोग

कार के चालक रामेश्वर निवासी लाइन बाजार रोड थाना लाइन बाजार जिला जौनपुर चलावत रहले। कार में अभिषेक दुबे, संदीप चौधरी आ गोलोरी क्वालागं निवासी नोटिस जिला डीमापुर नागालैंड बइठल रहले। हादसा चालक के नींद अइला के कारण भइल।

ई लोग भइल घायल

ट्रक के चालक राजूराम निवासी लालेमऊ देशहर छोटा तहसील लेखा थाना जसराज जिला बीकानेर राजस्थान चलावत रहले । तेज गति गाड़ी आगे जा रहल ट्रक में पीछे से घुस गइल। जवना से कार में सवार संदीप चौधरी निवासी सिमरा राजा थाना गुगली जिला महाराजगंज व अभिषेक दुबे गंभीर रूप से घायल हो गइले। जबकि शेष लोग के हल्का चोट आइल बा।

इंस्पेक्टर नगला खंगर विनय कुमार मिश्रा के कहनाम बा, कि एगो फार्च्यूनर गाड़ी आगे चल रहल ट्रक से टकरा गइल। जवना में दू गो लोग घायल भइल बाड़े। सब घायल के उपचार खातिर सैफई पीजीआई हास्पीटल में भर्ती करावल गइल बा। चालक के नींद आवे के वजह से ई हादसा भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]