[the_ad_group id="30365"]

स्टेज पर परफॉर्म करत घरी पखावज वादक के मौत:लखनऊ के सनतकदा महोत्सव में आइल हार्ट अटैक; मथुरा घराने से रहल ताल्लुक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ महोत्सव में सोमार के दुपहरिया में एगो चौंकावे वाला घटना भईल। एहिजा स्टेज पs परफॉर्म करत  पखावज वादक के अचके मौत हो गईल। दरअसल, बारादरी में सनतकदा महोत्सव में ताल वाद्य कचहरी कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल रहे। दिनेश जी के संगे सारंगी पs संगत करत रहे जीशान अब्बास। दुपहरिया के करीब 2.30 बजे कार्यक्रम शुरू भइल। स्टेज पs दिनेश मिश्रा पखावज बजावत रहले।

15-20 मिनट तक पखावज बजवला के बाद दिनेश के अचानक से तबीयत बिगड़ल। उन्हां के KGMU के कार्डियोलॉजी सेंटर ले जाइल गइल, जहांवा डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कई दिहल।  रिपोर्ट के अनुसार उन्हा के हार्ट अटैक से मौत के आशंका जतावल जा रहल बा। वादक दिनेश मिश्रा के निधन के खबर फईलते  महोत्सव में शोक के लहर फइलल बा।

KGMU के डॉक्टर लोग  कइल मौत के पुष्टि

लारी कार्डियोलॉजी के डॉ.अक्षय प्रधान  बतवले कि ऐहिजा ले आवे तक उनकर मौत हो चुकल रहे। दिवंगत पखावज वादक के बेटा पीयूष  बतावले कि तीन से चार बजे के बीच हमनी उनकर तबीयत बिगड़ला आ अस्पताल ले जाए के  सूचना मिलल। उनकर अंतिम संस्कार मंगर के भोरे 10 बजे आलमबाग स्थित श्मशान घाट पs होई। परिवार में बेटा पीयूष के अलावा पत्नी कमलेश आ तीन गो बेटी लोग निधि, रुचि आ श्रुति बाड़ी।

पखावज वादक के संगे बेहतरीन तबलावादको रहले मिश्रा


वादक दिनेश प्रसाद 1989 से 2014 तक संगीत नाटक अकादमी में संगीत के शिक्षा देले रहनी । 2005 में उन्हां के एसएनए अवार्ड से सम्मानितो कइल गइल रहे। उन्हा के पखावज वादक के संगे-संगे बेहतरीन तबला वादको रहनी।

ख़बर भोजपुरी एह लोक कला साधक के आपन श्रद्धा सुमन अर्पित कर रहल बा ,बेर-बेर नमन कर रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]