[the_ad_group id="30365"]

UP : सीबीआई NHAI के एह बड़ अधिकारी के रिश्वत लेत कइलस गिरफ्तार, जानीं कहां बा पोस्टिंग, अउरियो लोग रडार पs 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। सीबीआई के टीम गोरखपुर एनएचएआई के मैनेजर वृजेंद्र सिंह के खिलाफ केस दर्ज कइले बा। एकरा पहिले सीबीआई के तरफ से रेलवे के दुगो बड़ अधिकारियन के ऊपर कार्रवाई कइल जा चुकल बा।

दरअसल, सीबीआई के एसआईबी टीम ई कार्रवाई कइलस।कुशीनगर के धनंजय राय सीबीआई के दिहल शिकायत में आरोप लगवले रहस था कि एनएचआईए के मैनेजर वृजेंद्र सिंह उनका से रिश्वत के मांग कइले रहस। कुशीनगर के तमकुहीराज में उनका आईओसीएल के पेट्रोल पंप स्वीकृत भइल रहे। एनएचएआई से एही के एनओसी खातिर ऊ आवेदन कइले रहस।

3 जुलाई 2023 के एकर कंपनी के तरफ से पेट्रोल पंप के स्वीकृति मिलल रहे। एनएचएआई किनारे हमरा जमीन पs स्वीकृति मिलला के बाद हमरा तरफ से एनएचएआई विभाग से एनओसी खातिर दिसंबर में आवेदन कइल गइल रहे।  गोरखपुर एनएचएआई में तैनात वृजेंद्र सिंह के लगे हमार फाइल गइल रहे आ उनका ओर से एकरा स्वीकृति के प्रक्रिया में विलंब कइल जात रहे।

एकरा बाद वृजेंद्र सिंह से संपर्क कइला पs उनका तरफ से एनओसी दिहल गइला पs डेढ़ लाख रुपिया रिश्वत के मांग कइल गइल रहे। 1 जुलाई 2024 के धनंजय राय के तरफ से एकरा के लेके शिकायत सीबीआई के एसआईबी से कइल गइल रहे। संज्ञान लेके सीबीआई के एसआईबी टीम बुध के मवका से मैनेजर के गिरफ्तारी कइलस। रंगे हाथ रिश्वत के रकम लेते सीबीआई के टीम गिरफ्तार कइलस।

बियफे के सीबीआई पीसी एक्ट 1988 के तहत केस दर्ज कइले बा। ममिला के जांच चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]