[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में भरभरा के गिरल इमारत, दहल गइल इलाका 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

राजधानी दिल्ली के मॉडल टाउन इलाका में आजु दुपहरिया में एगो दुखद दुर्घटना भइल. आजु दुपहरिया में एहिजा एगो भवन गिर गइल. बतावल जा रहल बा कि इहाँ एगो पुरान भोजशाला रहे, जवन जर्जर हालत में रहे। मिलल जानकारी के मुताबिक भवन में तीन मजदूर काम करत रहले, जवन कि मलबा के नीचे दफन हो गईले। घटना के जानकारी मिलला के बाद राहत अवुरी बचाव के काम शुरू कs दिहल गईल। एनडीआरएफ समेत कई टीम मौका पs पहुंच गईल। भवन में काम करे वाला तीनों मजदूर के कवनो तरीका से बचावल गईल, जवना के बाद अस्पताल में भर्ती करावल गईल। घाही लोग में दु जने मामूली घायल बाड़े, जबकि एक जने गंभीर रूप से घाही बाड़े। पुलिस के मुताबिक अवुरी केहु के दबे के कवनो खबर नईखे।

घटना के बाद दुर्घटना के वीडियो भी सामने आईल बा। भवन गिरला के बाद वीडियो में मलबा देखल जा सकता। पास में स्थानीय लोग भी जुट गईले। स्थानीय लोग के कहत बाड़े कि अयीसन लागल जईसे भूकंप आईल बा। केहु कहलस कि भवन गिरला के बाद हर जगह धुआं निकलत रहे, उs लोग के लागल कि कहीं आग लाग गईल बा। जब स्थानीय लोग बाहर आके देखले तब स्थिति साफ हो गईल। दुर्घटना के बाद एनडीआरएफ अवुरी बाकी टीम राहत अवुरी बचाव के काम शुरू कs देले बिया।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]