बिहार कैडर के 9 गो IPS अधिकारियन के मिलल वेतनमान प्रोन्नति 

Share

बिहार कैडर के 9 आईपीएस अधिकारियन के वेतनमान में प्रोन्नति दिहल गइल बा। एह संबंध में गृह विभाग के ओर से अधिसूचना जारी हो गइल बा। एह सब आईपीएस अधिकारियन के 67700 से 208700 में प्रोन्नति दिहल गइल बा।

बिहार कैडर के जवना आईपीएस अधिकारियन के प्रोन्नति दिहल गइल बा ओमे स्वप्ना मेश्राम गौतम, शौर्य सुमन, प्रमोद कुमार यादव, सागर कुमार, वैभव शर्मा, सैयद इमरान मसूद, संदीप सिंह, श्रीमती नवजोत सिमी आ अरविंद प्रताप सिंह सामिल बावे लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-