[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली पहुंचले पs भारत जोड़ो यात्रा में 9 दिन के ब्रेक, अपने घर वालन से मिलिहें कार्यकर्ता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस नेता राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा के राजस्थान में मंगर के अंतिम दिन ह। 100 दिन पूरा कइले के बाद भारत जोड़ो यात्रा 24 दिसंबर के दिल्ली पहुंची। जेकरे बाद नौ दिन के ब्रेक होई। ओकरे बाद भारत जोड़ो यात्रा 3 जनवरी 2023 के फिर से शुरू होई।

पार्टी महासचिव जयराम रमेश ट्वीट कs के ई जानकारी दिहलें। जयराम रमेश ट्वीट कइलें कि ‘भारत जोड़ो यात्रा 24 दिसंबर के साँझ के दिल्ली पहुंची। ओकरे बाद नौ दिन के ब्रेक होई। ताकि कंटेनर के मरम्मत करावल जा सके अउर कंटेनर के कड़ाका के सर्दी खातिर तैयार कइल जा सके।’

एह ब्रेक में कई भारत यात्री लगभग चार महीना के बाद अपने परिवार से मिल पइहें अउर उनके संगे समय बिता पइहें। राहुल गांधी के यात्रा 3 जनवरी 2023 को फिर से शुरू होई। एही बीच, पार्टी के हरियाणा इकाई मेगा वॉकथॉन के तैयारी क रहल बा काहेसेकि राज्य में यात्रा के पहिला चरण बुध से सुक्क ले चली। एह चरण में फिरोजपुर झिरका से फरीदाबाद ले पार्टी के सैकड़ों कार्यकर्ता अउर आम जनता भाग लेई। एकरे बाद 6 जनवरी 2023 के पानीपत बॉर्डर पर सनौली खुर्द से यात्रा शुरू होई। एह मौका पर अगिले दिन पानीपत में एक विशाल रैली के आयोजन भी कइल जाई।

राजस्थान में यात्रा के अंतिम दिन

भारत जोड़ो यात्रा मंगर के राजस्थान में आखिरी दिन ह। भारत जोड़ो यात्रा मंगर के सुबह करीब 6.30 बजे शुरू भइल। यात्रा अलवर शहर से हो के गुजरी। आजु राहुल गांधी के यात्रा के राजस्थान में 16वां अउर आखिरी दिन ह। यात्री आजु राहुल के संगे 23 किलोमीटर पैदल चलिहें

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]