[the_ad_group id="30365"]

विदेश में नौकरी लगववलें के झांसा देवे वाला जालसाज गिरफ़्तार :नौकरी के नाम पर 4 लोग से लेहले रहनें सब 80- 80 हजार रूपया, पासपोर्टो जमा कर लेहले रहनें सब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर पुलिस विदेश में नौकरी के झांसा दे के रूपया अइठे वाला गैंग के दू सदस्यन के गिरफ्तार कइलें बा। पुलिस दूनों कबूतरबाजन पर ई कार्रवाई “आपरेशन ईगल” के तहत कइलें बा। दूनों 4 लोग के विदेश भेजले के नाम पर 80-80 हजार रुपया लेहले रहनें सब। दूनों के खिलाफ पहिले से खोराबार थाना में 4 केस दर्ज बा।

पुलिस एगो अउरी केस दर्ज क के दूनों के जेल भेजवा देहलस। दूनों कबूतरबाजन के लग्गे से पुलिस 2 मोबाइल फोन, 7 पासपोर्ट, मेडिकल रशीद बुक, 3 मुहर, 22 बीजा, कन्फर्मेशन अउरी 20 इम्प्लायमेन्ट आफर लेटर, 13 वोटर आईडी कार्ड, पैन कार्ड, बैंक पासबुक, शापिंग कार्ड, ई-श्रम कार्ड, मेट्रो काड,र् और 48, 300 रूपया कैश बरामद कइलें बा।

रूपया के संगे जमा करा लेहले रहनें सब पासपोर्ट

पुलिस के पूछताछ के दौरान बतवलें सब कि दूनो विदेश भेजले के नाम पर शिवम पाण्डेय निवासी ग्राम रसूलपुर नन्दलाल थाना रौनापार जनपद आजमगढ़, दीपक नायक निवासी ग्राम चक कलवरियाँ रसुलपुर नन्दलाल थाना महाजगंज जनपद आजमगढ, चन्द्रप्रकाश मौर्या निवासी ग्राम चांद पट्टी थाना रौनापार जनपद आजमगढ़ अउरी दिलीप यादव निवासी ग्राम चक कलवरियां पोस्ट रसूलपुर नन्दलाल थाना महाराजगंज जनपद आजमगढ़ से 80-80 हजार रूपए कैश अउरी पासपोर्ट लेहले रहनें सब।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]