[the_ad_group id="30365"]

बिहार के वैशाली में हाई टेंशन तार के चपेट में अइले से 9 कांवरियन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

बिहार के वैशाली में अतवार के रात एगो बड़ हादसा हो गईल। जहां औद्योगिक थाना के सुल्तानपुर गांव में हाई टेंशन तार के नीचे आके 9 लोग के मउत हो गईल। एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि कांवरिया लोग डीजे लेके चलत रहे, जवन कि काफी जोरदार रहे। डीजे के हाई टेंशन छू गइल आ ई दुखद दुर्घटना हो गइल. एह हादसा में दू जने के हालत गंभीर बतावल जात बा. घायल लोग के सदर अस्पताल हाजीपुर में इलाज हो रहल बा।

दुखद दुर्घटना कईसे भईल?

बतावल जाता कि एs दुर्घटना में मरेवाला सभ लोग जेठूई गांव के हवे, जवन कि घर से निकल के सोनपुर पहलेजा घाट पs पानी बटोरे गईल रहले। एही बीच कांवरियन के डीजे हाई पs रहला के चलते ऊ हाई टेंशन से छू गइलन आ ई हादसा हो गइल. दुर्घटना में मरेवाला सभे मरेवाला 15 से 20 साल के उमर के बतावल जाता। सांसद चिराग पासवान से मिलल जानकारी के बाद उनुकर प्रतिनिधि सदर अस्पताल पहुंचले अवुरी मरेवाला के परिवार के हर संभव मदद के भरोसा देले। एह हादसा में हाजीपुर के सदर एसडीपीओ कहलस कि जवन भी उचित कार्रवाई होई। जिला प्रशासन एह मामिला के देखत बा.

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]