[the_ad_group id="30365"]

Budget 2023: खेल बजट में 700 करोड़ के इजाफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एह साल होखे वाला एशियाई खेलन आ अगिला साल खातिर प्रस्तावित पेरिस ओलंपिक के धेयान में राखत खेल मंत्रालय खातिर बुध के पेश केंद्रीय बजट में 3,397.32 करोड़ रुपिया के प्रावधान रखल गइल बा। ई पिछिला साल के मुकाबले 723.97 करोड़ रुपिया बेसी बा। ई राशि पिछिला वित्तीय वर्ष (2022-23) के संशोधित बजट जादे बा, जब 2,673.35 करोड़ रुपिया मिलल रहे।

पिछिला साल हालांकि वास्तविक आवंटन 3,062.60 करोड़ रुपिया रहे। साल 2022-23 खातिर संशोधित आवंटन में कटौती के एगो मुख्य कारण चीन में प्रस्तावित एशियाई खेलन के स्थगन हो सकत बा। एह खेलन के आयोजन एह साल होई।

खेलो इंडिया खेलन के प्राथमिकता

प्राथमिकता मंत्रालय के प्रमुख कार्यक्रम, ‘खेलो इंडिया’, खेल के विकास खातिर राष्ट्रीय कार्यक्रम सरकार के प्राथमिकता में बरकरार बा। एकरा पिछिला वित वर्ष के दौरान 606 करोड़ के संशोधित आवंटन खातिर मुकाबला 1,045 करोड़ रुपिया आवंटित कइल गइल बा। एमे 439 करोड़ रुपिया के बढ़न्ती कार्यक्रम के लेके सरकार के प्रतिबद्धता के देखावत बा।

खेल संघन के बजट बढ़ल

राष्ट्रीय खेल संघन (एनएसएफ) के बजट 280 करोड़ से 45 करोड़ रुपिया के बढ़ल आवंटन प्राप्त भइल बा। अब ओकरा 325 करोड़ मिली। राष्ट्रीय डोपिंग रोधी एजेंसी (नाडा) के 21.73 आ राष्ट्रीय डोप परीक्षण प्रयोगशाला (एनडीएलटी) के 19.50 करोड़ रुपिया मिलल। पहिले नाडा आ एनडीएलटी के साई के माध्यम से पईसा मिलत रहे। अबकी बेर सीधे ओकरे के राशि मिलल।

साई के मिलल 785 करोड़

भारतीय खेल प्राधिकरण (साई) खातिर 36.09 करोड़ के बढ़न्ती कइल गइल बा। पिछिला साल के संशोधित व्यय 749.43 करोड़ रुपिया के मुकाबला ओकर आवंटन 785.52 करोड़ रुपिया बा। साई खिलाड़ियन खातिर राष्ट्रीय शिविर के आयोजन, शिविर के बुनियादी ढांचा आ उपकरण देवे के बेवस्था करेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]