वीजा ना मिलला से फुटबॉलर लो ना जा सकल बहरीन

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 23, 2022

भारतीय फुटबॉल टीम के सात खेलाड़ी वीजा मुद्दा के वजे से बहरीन के संगे बुध के होखे आला मैत्री मैच में खेले ला मुंबई से टीम के संगे ना जा सकल लो। भारत के 25

Share

भारतीय फुटबॉल टीम के सात खेलाड़ी वीजा मुद्दा के वजे से बहरीन के संगे बुध के होखे आला मैत्री मैच में खेले ला मुंबई से टीम के संगे ना जा सकल लो।

भारत के 25 सदस्यीय टीम में से 18 खिलाड़ियन के संगे मुख्य कोच इगोर स्टिमैक आ सहजोगी स्टाफ सोमार के मनामा पहुँच गइल लो।

दु गो मैच खेली रास्ट्रीय टीम 

रास्ट्रीय टीम बुध के मेजबान बहरीन के खिलाफ आ सनिचर के बेलारूस के संगे मैत्री मैच खेले आला बिया।

गोलकीपर अमरिंदर सिंह, डिफेंडर चिंगलेनसाना सिंह आ आकाश मिश्रा, मिड्फील्डर अनिरुद्ध थापा, ब्रैंडन फर्नांडीस, अनिकेत यादव आ विपिन सिंह सोमार के साथी खेलाडियन के संगे विमान में ना चढ़ सकल लो काहेकि वीजा के मंजूरी समे पs ना आ सकल। भारत अपना इतिहास में बहरीन के कबो नइखे हरवले। टीम के सबसे बढ़िया प्रदर्शन 1982 में बिना गोल के ड्रॉ रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.