[the_ad_group id="30365"]

राममंदिर के 60 फीसदी काम पूरा, दिसंबर 2023 ले गर्भगृह के काम पूरा करे के लक्ष्य

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्रीराम जन्मभूमि में राममंदिर के निर्माण तेजी से चल रहल बा। अब ले मंदिर के 60 फीसदी अउर गर्भगृह के 20 फीसदी निर्माण पूरा हो चुकल बा। श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट दिसंबर 2023 ले गर्भगृृह के काम पूरा करे के लक्ष्य बनवले बानें।

जनवरी 2024 से भव्य गर्भगृह में भक्तन के रामलला के दर्शन होखे लागी। जेकरे चलते गर्भगृह निर्माण के काम में भी तेजी आ गइल बा। श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के सदस्य डॉ.अनिल मिश्र बतवलें कि गर्भगृह में करीब 10 हजार लाल पत्थर बिछावल जाए के बा।

एमें से करीब पांच हजार पत्थरन के आपूर्ति हो चुकल बा। गर्भगृह के काम भी सिंहद्वार, नृत्य मंडप से आगे बढ़के गूढ़मंडप ले पहुंच गइल बा। बतवलें कि राममंदिर में परकोटे का काम भी अगिले महीना से शुरू हो जाई।

मंदिर के चारों ओर करीब आठ मीटर लमहर परकोटा के निर्माण कइल जाई। राममंदिर के सुरक्षा के मद्देनजर परकोट 21 फीट ऊंचा बनावल जाई। परकोटा के दीवार से 14 फीट चौड़ा गलियारा बनावल जाई। गलियारा के ऊपर छत बनी, जेसे जब श्रद्धालु राममंदिर के परिक्रमा करीं त उनके धूप न लगे।

उ बतवलें कि हर महीना होखे वाले श्रीराम मंदिर निर्माण समिति के बैठक 18 अउर 19 के होखे जा रहल बा। समिति के अध्यक्ष नृपेंद्र मिश्र भी बियफे साँझ के अयोध्या पहुंच गइलें, ऊ दू दिन ले अयोध्या में मंदिर निर्माण काम के समीक्षा करिहें। बतवलें कि बइठक में परकोटा, अचल मूर्ति सहित यात्री सुविधा के लेके चर्चा कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]