[the_ad_group id="30365"]

लोकसभा घुसपैठ केस में 8 सुरक्षाकर्मी सस्पेंड: PM मंत्रियन के संगे मीटिंग कइलें; आरोपी संसद में घुसे के प्लान डेढ़ साल पहिले बनवले रहले सs

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

13 दिसंबर के संसद में घुसपैठ ममिला में संसद सचिवालय बियफे के आठ सुरक्षाकर्मियन के सस्पेंड कs देलस। सस्पेंड रामपाल, अरविंद, वीर दास, गणेश, अनिल, प्रदीप, विमित आ नरेंद्र बा।

ओन पीएम मोदी संसद पहुंचलें आ ऊ केंद्रीय मंत्रियन के संगे बैठक कइलें। मीटिंग में गृह मंत्री अमित शाह, बीजेपी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा, केंद्रीय मंत्री प्रह्लाद जोशी आ अनुराग ठाकुर मवजूद रहे लो।

पुलिस सूत्रन के मोताबिक, आरोपी पहिलही संसद के बाहर के रेकी कs लेले रहले सs। सब आरोपी एगो सोशल मीडिया पेज ‘भगत सिंह फैन क्लब’ से जुड़ल रहलें सs।

लगभग डेढ़ साल पहिले सब आरोपी मैसूर में मिलल रहे लो। आरोपी सागर जुलाई में लखनऊ से दिल्ली आइल रहे बाकिर संसद भवन में इंट्री ना कs सकल रहे। 10 दिसंबर के एक-एक कs के सभे अपना-अपना राज्यन से दिल्ली पहुंचलें।

घटना वाला दिन सब आरोपी इंडिया गेट के लगे इकट्ठा भइल, जहां सभे के कलर स्प्रे बांटा गइल। पुलिस बतवलस, सुरुआती जांच के अनुसार संसद सुरक्षा उल्लंघन के मुख्य साजिशकर्ता केहू आउर बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]