[the_ad_group id="30365"]

यूपी में 46 IAS अधिकारियन के ट्रांसफर, दीपक कुमार के बेसिक शिक्षा विभाग के जिम्मेदारी

यूपी में 46 IAS अधिकारियन के ट्रांसफर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में योगी सरकार साल बदलले के साथे  प्रशासनिक ढांचा भी बदल दिहल गइल बा। नया साल पs यूपी में 46 आईएएस अधिकारियों के ट्रांसफर कइल गइल। दीपक कुमार के अपर मुख्य सचिव गृह वीजा पासपोर्ट सतर्कता विभाग उत्तर प्रदेश शासन के प्रभार से अवमुक्त करत प्रमुख सचिव बेसिक शिक्षा विभाग उत्तर प्रदेश शासन के पद के अतिरिक्त प्रभार प्रदान कइल गइल। ओइजवे, एल वेंकटेश्वरलू के वर्तमान पद के साथे कई गो अन्य जिम्मेदारी दिहल गइल बा.

वेंकटेश्वरलू के प्रमुख सचिव समाज कल्याण आ सैनिक कल्याण विभाग उत्तरप्रदेश, शासन-जनजाति विकास उत्तर प्रदेश प्रबंध निदेशक, यूपी सिडको निदेशक अनुसूचित जाति आ अनुसूचित जनजाति शोध आ प्रशिक्षण संस्थान आ-छत्रपति शाहूजी महाराज शोध आ प्रशिक्षण संस्थान उत्तरप्रदेश के पद के अतिरिक्त प्रभार प्रदान कइल गइल.

राजेश कुमार सिंह होमगार्ड सचिव बनले

राजेश कुमार सिंह के होमगार्ड के प्रधान सचिव बनावल गइल बा.  बीएल मीणा के प्रधान सचिव होम गार्ड के प्रभार से मुक्त कs दिहल गइल बा. उs उद्यान रेशम खाद्य प्रसंस्करण के प्रधान सचिव बनल रहीहे। आलोक कुमार के उत्तर प्रदेश सरकार के कपड़ा, खादी आ ग्रामोद्योग सार्वजनिक उद्यम प्राविधिक शिक्षा व्यावसायिक शिक्षा कौशल विकास आ उद्यमशीलता विभाग उत्तर प्रदेश शासन आ महानिदेशक सार्वजनिक उद्यम उत्तर प्रदेश आ प्रमुख सचिव आ बुनियादी ढांचा के प्रमुख सचिव के रूप में सौंपल गइल आ औद्योगिक विकास विभाग उत्तर प्रदेश शासन, उनुका के महानिदेशक सार्वजनिक उद्यम, उत्तर प्रदेश के प्रभाव से मुक्त कs दिहल गइल बा.

केकरा कवन विभाग मिलल?

नरेंद्र भूषण के प्रमुख सचिव पंचायतीराज विभाग उत्तर प्रदेश शासन के प्रभाव से अवमुक्त करत प्रमुख सचिव प्रबुद्ध शिक्षा विभाग उत्तर प्रदेश शासन के पद के प्रभार प्रदान कइल गइल  ओइजवे, वीणा कुमारी मीना प्रमुख सचिव आयुष विभाग उत्तर प्रदेश शासन के प्रभाव से मुक्त कइल गइल। संजय प्रसाद के वर्तमान पद के साथे प्रमुख सचिव गृह गोपन वीजा पासपोर्ट सतर्कता विभाग उत्तर प्रदेश शासन के पद के अतिरिक्त प्रभार प्रदान कइल गइल।

अनिल गर्ग के स्टेट नोडल ऑफिसर प्रधानमंत्री कृषि सिंचाई योजना के प्रभाग से अवमुक्त कइल गइल। हालांकि, उs सीनियर प्रमुख सचिव सिंचाई आ जल संसाधन प्रति भूमि विकास कारागार प्रशासन आ सुधार सेवा उत्तर प्रदेश शासन अध्यक्ष पैक स्टेट नोडल अफसर प्रधानमंत्री कृषि सिंचाई योजना आ उत्तर प्रदेश भूमि सुधार निगम के प्रबंध निदेशक बनल रहिए।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]