[the_ad_group id="30365"]

नेपाल बॉर्डर से झारखंड बॉर्डर तक बनी नया फोर लेन: बिहार में 454KM 4 लेन के केंद्र के हरिहर झंडी; छत्तीसगढ़ के दूरियो  होई कम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेपाल बॉर्डर, वाल्मीकिनगर से झारखंड बॉर्डर हरिहरगंज तक अब बिहार में 454 किलोमीटर 4 लेन नया हाईवे होई। पटना के नौबतपुर से हरिहरगंज तक 143 किमी. (एनएच-98) के केन्द्र 4 लेन बनावे के हरियर झंडी दे दिहल गइल बा।

अभी एकर चौड़ाई 2 लेन बा। एह एनएच पs गाड़ियन के भारी दबाव बा। सोन नदी के पूरब समानांतर ई एनएच नौबतपुर से बिक्रम-अरवल-औरंगाबाद-अंबा होत हरिहरगंज तक जाला बा। झारखंड राज्य के पश्चिमी हिस्सन के गढ़वा-डाल्टेनगंज होत छतीसगढ़ तक जावे वालन लोगन के ई सबसे सुगम मार्ग बा।

केन्द्र एह सड़क के अब 4 लेन बनावे खातिर डीपीआर के तैइयार करे के मंजूरी दे देले बा आ एकरा खातिर 1.38 करोड़ के राशि के स्वीकृत कs दिहल गइल बा।

वाल्मीकिनगर से नौबतपुर हिस्सा पs पहिले से चल रहल बा काम

पटना से बेतिया तक 5600 करोड़ के लागत से 195 किलोमीटर लमहर 4 लेन हाइवे के निर्माण सुरू बा। ई राजमार्ग बुद्धा सर्किट के महत्वपूर्ण हिस्सा बा। एही राजमार्ग के किनारे केसरिया बौद्ध स्तूप बा।

1. जेपी सेतु के समानांतर पटना के दीघा से सोनपुर के बीच 2636 करोड़ से सवा 3 साल में बने वाला 6 लेन केबल ब्रिज के टेंडर हो चुकल बा।

2. सोनपुर-मानिकपुर हिस्सा में गंडक नदी पs सारण के कोंह्वा घाट से वैशाली के जलालपुर के बीच पुल (लागत- 868 करोड़) के टेंडर हो गइल बा।

एह हिस्सन के टेंडर होखल अभी बाकी बा

मानिकपुर से साहेबगंज

(43 किमी, लागत-575 करोड़)

साहेबगंज से अरेराज

(38 किमी, लागत- 522 करोड़)

अरेराज से बेतिया

(43 किमी, लागत-1062 करोड़)

नोट: पटना एम्स गोलंबर से नौबतपुर (लंबाई-9 किलोमीटर) के फोरलेन कs के पहिलही मंजूरी मिल चुकल बा।

नया फोर लेन हाईवे के फायदा 

  1. वाल्मीकिनगर से हरिहरगंज तक के सफर अभी 11 घंटा में पूरा होला आ अब लागी 6 से 7 घंटा।
  2. झारखंड के पश्चिमी इलाका पलामू, चतरा से नेपाल सीधे जुड़ी। माल के आवाजाही में सुविधा होई।
  3. संगही ई सड़क आगे वाराणसी-कोलकाता एक्सप्रेस वे से जुड़ी। जवना से कोलकाता पहुंचल आसान।
  4. दक्षिण बिहार से सिलीगुड़ी, असम के तरफ जाइल होई आसान। कम समय में रास्ता तय होई।

सोनपुर से अरेराज तक गंडक नदी के पश्चिमी तरफ बनी 4 लेन हाईवे

इस हाईवे के बन गइला से सारण कमिश्नरी के दु जिला सारण आ गोपालगंज के गंडक नदी के दियरा इलाका में आवागमन आसान हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]