[the_ad_group id="30365"]

42 मीटर वर्टिकल ड्रिलिंग पूरा, 12 रैट माइनर्स 5 मीटर मलबा निकलस…पढ़ी- उत्तरकाशी सुरंग के ताजा अपडेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तराखंड के उत्तरकाशी में सुरंग में फंसल 41 मजदूरन के बचावे के कोशिश जारी बा। हॉरिजेंटल ड्रिलिंग करे वाली अमेरिकी ऑगर मशीन के खराबी के बाद सोमार के दिने रैट होल माइनिंग एक्सपर्ट के खोदे खातिर बोलावल गइल बा। एकरा अलावे सुरंग के ऊपर से वर्टिकल ड्रिलिंग कईल जाता। बतावल जाता कि 12 रैट माइनर्स के टीम अबे ले करीब 4 से 5 मीटर तक खुदाई कईले बिया। एकरा अलावे सुरंग के ऊपर चलत वर्टिकल ड्रिलिंग 42 मीटर ले हो चुकल बा। ऊपर से मजदूरन के बचावे खातिर कुल 86 मीटर के खुदाई के जरूरत बा।

12 नवंबर के उत्तरकाशी में बनत सुरंग के एगो हिस्सा गिर गईल रहे। एकरा चलते सुरंग में काम करे वाला 41 मजदूर भीतर फंस गईले। मजदूरन के बचावे खातिर अमेरिकी ऑगर मशीन से खुदाई कइल गइल। एह मशीन सुरंग में ड्रिलिंग कs के 800 मिमी व्यास के पाइप लगावल जा रहल बा। लेकिन इ मशीन करीब 48 मीटर खोदला के बाद मलबा में फंस गईल। एकरा बाद मशीन के काट के निकालल गईल।

दू गो योजना पs मिलजुल के काम करे वाली टीम

एकरा बाद अधिकारी मैनुअल ड्रिलिंग करावे के फैसला कईले। अब रैट माइनर्स हॉरिजेंटल ड्रिलिंग कर रहल बा। रैट माइनर्स हॉरिजेंटल ड्रिलिंग करे वाला लोग भीतर जाके खोदत बा, उ लोग अपना संगे गैस कटर भी लेके गईल बाड़े, ताकि मलबा में लोहा के गर्डर जईसन सामान मिल गईल त ओकरा के काट के निकालल जा सकता। अतवार से शुरू भईल वर्टिकल ड्रिलिंग के गहराई 42 मीटर तक पहुंच चुकल बा। बियफ़ें ले एकर काम पूरा होखे के संभावना बा। बचाव दल सुरंग के ऊपर 1 मीटर चौड़ा रास्ता बनावत बिया, जवना के माध्यम से मजदूर के बाहर निकालल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]