[the_ad_group id="30365"]

मांगुर मछली के संगे 4 तस्कर गिरफ्तार : 6 टन मछली के संगे ट्रक जब्त, बंगाल से गया ले जात रहे लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला के कुचायकोट थाना क्षेत्र के बलथरी चेकपोस्ट पs वाहन जांच अभियान के दौरान पुलिस एगो ट्रक से 6 टन प्रतिबंधित मांगुर मछली बरामद कइले बिया। एह ममिला में 4 तस्करन के गिरफ्तारो कइल गइल बा।

गिरफ्तार तस्करन में गया जिला के बाराचट्टी थाना क्षेत्र के सवई निवासी विहूल यादव के बेटा मुरारी यादव, किशोरी प्रसाद के बेटा अनुज कुमार, पं. बंगाल के उत्सई 25 परगना जिला के बसीर हाट थाना क्षेत्र के गोखरी हाट गांव निवासी मुजीवासदर के बेटा अत्यासदर आ मो. अली मननगजी सामिल बाड़ें सs।

एसपी स्वर्ण प्रभात बतवलें कि नियमित वाहन जांच के दौरान पुलिस के सूचना मिलल रहे कि कुछ तस्कर प्रतिबंधित मांगुर मछली के तस्करी कs रहल बा लो। एह सूचना पs पुलिस बलथरी चेकपोस्ट पs वाहन जांच अभियान सुरू कइलस। एही दौरान, पुलिस एगो संदिग्ध ट्रक के रोकलस आ ओकर तलाशी लेलस। तलाशी में ट्रक से छह टन प्रतिबंधित मांगुर मछली बरामद भइल। पुलिस ट्रक के जब्त कs के मत्स्य विभाग के सूचित कइल गइल बा।

बंगाल से बिहार ले आवल जा रहल बा

मांगुर मछली लुप्तप्राय प्रजाति के हs आ एकर तस्करी पs प्रतिबंध बा। पुलिस एह ममिला में आगे के जांच कs रहल बिया। एसपी बतवलें कि बरामद मछली के बंगाल के 25 परगना जिला से बिहार के गया ले जाइल जात रहे। बरामद मछली के कीमत करीब एक करोड़ रुपिया आंकल जा रहल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]