[the_ad_group id="30365"]

जयपुर से मुंबई आवत ट्रेन में आरपीएफ के जवान के गोलीबारी में चार लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जयपुर से मुंबई आवत ट्रेन में गोलीबारी के घटना सोझा आईल बा। ट्रेन के बी 5 बोगी में गोली चलावल गईल बा। ट्रेन में गोलीबारी के ए घटना में चार लोग के मउत हो गईल बा। बतावल जाता कि ट्रेन में फायरिंग के इ घटना सबेरे करीब पांच बजे भईल। आ गोली चलावे वाला के रेलवे संरक्षण बल के सिपाही बतावल जात बा।गोली चलावे वाला आरपीएफ के सिपाही चेतन सिंह पकड़ा गईल बाड़े।

पश्चिमी रेलवे के कहनाम बा कि, पालघर स्टेशन पार कईला के बाद आरपीएफ के एगो सिपाही चलत जयपुर एक्सप्रेस ट्रेन के भीतर गोली चला देलस। एगो आरपीएफ एएसआई अवुरी तीन अवुरी यात्री के गोली मारला के बाद आरोपी दहिसर स्टेशन के नजदीक ट्रेन से कूद गईले। आरोपी सिपाही के हथियार के संगे हिरासत में लिहल गईल बा।

एगो अधिकारी बतवले कि जवान अपना स्वचालित हथियार से गोली चला दिहलस जवना से एगो अवुरी आरपीएफ जवान अवुरी ट्रेन में सवार तीन यात्री के मउत हो गईल। इ ट्रेन जयपुर से मुंबई आवत रहे। महाराष्ट्र के राजधानी मुंबई से पालघर के दूरी लगभग 100 किलोमीटर बा।

अधिकारी के मुताबिक, चलत ट्रेन में चेतन कुमार चौधरी अपना एस्कॉर्ट ड्यूटी प्रभारी एएसआई टीका राम मीणा के गोली मार देले। उ बतवले कि, अपना सीनियर के गोली मारला के बाद सिपाही एगो अवुरी बोगी में जाके तीन यात्री के गोली मार देले।

अधिकारी के मुताबिक आरोपी मीरा रोड अवुरी दहिसर के बीच ट्रेन से भागे के कोशिश कईले, लेकिन सरकारी रेल पुलिस (जीआरपी) के जवान उनुका के पकड़ लेले अवुरी उनुकर हथियार भी बरामद क लेले। अधिकारी बतवले कि बोरीवली रेलवे स्टेशन पs लाश के ट्रेन से बाहर निकालल गईल। उ बतवले कि आरोपी आरपीएफ जवान फिलहाल मीरा रोड रेल पुलिस के हिरासत में बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]