[the_ad_group id="30365"]

बिहार से गुजरे वाला राजधानी, संपूर्ण क्रांति सहित 393 ट्रेन रहल रद्द, यात्री रहले परेशान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जंक्शन पs सुरक्षा के पुख्ता बेवस्था

पटना जंक्शन पs सुरक्षा के लेके पुख्ता बेवस्था कइल गइल रहे। जंक्शन के दुनों छोर सहित प्लेटफॉर्म आ परिसर में दु सौ पुलिस जवानन के तैनात कइल गइल रहे। आरपीएफ आइजी एस मयंक आ डीआरएम दानापुर प्रभात कुमार अधिकारियन के साथे जायजा लेले। जंक्शन पs फंसल यात्रियन के खाना के पाकिट आ पानी उपलब्ध करावल गइल। एकरा खातिर रेलवे के अधिकारी जुटल रहले।

रात में 10 ट्रेनन के भइल परिचालन

अतवार के रात में पटना जंक्शन से 10 गो ट्रेन गुजरल। रात में ट्रेनन के चले के पहिले के घोषणा के मोताबिक ओकनी के रवाना कइल गइल। एमे भागलपुर-आनंद विहार विक्रमशीला एक्सप्रेस, हावड़ा-नयी दिल्ली राजधानी, भागलपुर-लोकमान्य तिलक, कुंभ एक्सप्रेस, आसनसोल-मुंबई, महानंदा एक्सप्रेस, लोकमान्य तिलक-रक्सौल , प्रयागराज-हावड़ा, पंजाब मेल आ महानंदा एक्सप्रेस शामिल रहल। ओहिजा दिन में सूरत-भागलपुर, अजमेर-भागलपुर, ओखा-गुवाहाटी आ दादर-गुवाहाटी के परिचालन भइल।

फंसल यात्रियन के निकाले खातिर आठ गो ट्रेन चलल

फंसल यात्रियन के निकाले खातिर पूर्व मध्य रेल द्वारा झाझा, धनबाद आ पं.दीन दयाल उपाध्याय से आठ स्पेशल ट्रेनन के परिचालन कइल गइल। अतवार के रात में पं. दीन दयाल उपाध्याय से पुणे, वास्को-डी-गामा, बेंगलुरु आ पूर्णा जंक्शन, झाझा से शालीमार आ धनबाद से हटिया खातिर स्पेशल ट्रेन चलावल गइल। सिकंदराबाद खातिर डीडीयू से सोमार के सबेरे स्पेशल ट्रेन जाई।

रेलवे कइलस यात्रियन के मदद

ट्रेनन के रद्द होखला से जहां तहां स्टेशन पs फंसल यात्रियन के पानी, चाय आ खाना उपलब्ध करावल गइल।पटना जंक्शन पs फंसल यात्रियन के खाना के पैकेट आ पानी उपलब्ध करावल गइल। एकरा खातिर रेलवे अधिकारी मुस्तैद रहले। पिछला दु दिन के अपेक्षा जंक्शन पs यात्रियन के संख्या कम रहल।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]