Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में 3.40 लाख लोग तुड़ल ट्रैफिक नियम: 11 महीना में काटल गइल 44.19 करोड़ के चालान, जमा भइल खाली 3.63 करोड़

355

तमाम कोसिसन के बावजूद गोरखपुर के लोग ट्रैफिक नियमन के पालन करे में अभी बहुत पीछे बा। ITMS (इंट्रीगेटेड ट्रैफिक मैनेजमेंट सिस्टम) लागल होखला के बादो हालत ई बा कि एह साल 2023 के 11 महीनन में 3 लाख 40 हजार 543 लोग ट्रैफिक नियम तुड़ले ना। ओहिजा, खाली बियफे के गोरखपुर में चलावल गइल अभियान में 1617 गाड़ियन के चालान कइल गइल बा।

अइसन हमनी के नइखी कs रहल बलुक एह सभन के ट्रैफिक पुलिस के ओर से चालान कइल गइल बा। एह नियम तोड़े वाला लोगन पs ट्रैफिक पुलिस 44 करोड़ 19 लाख 12 हजार 300 रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा। बाकिर, हैरानी वाला बात ई बा कि चालान करे में माहिर ट्रैफिक पुलिस, चालान वसूले में अभी बहुत पीछे बिया। काहेकि, एह लोगन से ट्रैफिक डिपार्टमेंट खाली अब तक 3 करोड़ 63 लाख 9 हजार 900 वसूल सकल बा।

हेलमेट ना लगावे वाला के सबसे जादे चालान

गोरखपुर ट्रैफिक डिपार्टमेंट से मिलल आंकड़न के मोताबिक, जनवरी 2023 से नवंबर 2023 तक हेलमेट ना लगवला पs 1 लाख 56 हजार 726 लोगन के चालान काटल गइल। ओहिजा, जदि जुर्माना के बात कइल जाव तs एह लोगन पs 15 करोड़ 67 लाख 26 हजार रुपिया के जुर्माना लगावल गइल। जेमे अब तक एक करोड़ 70 लाख 1 हजार रुपिया जुर्माना के ट्रैफिक पुलिस वसूल सकल बा।

एह ममिलन में भइल चालान

एह दरमियान बिना सीट बेल्ट लगवले ड्राइविंग करे वाला 4318 लोगन के चालान भइल। मोबाइल से बात करत गाड़ी चलावे वाला में 1334 लोगन के तs ओहिजा, नो पार्किंग में गाड़ी खड़ा करे वाला 50932 लोगन के चालान कइल बा। जबकि, लेन चेंज में 12888, 3 सवारी बइठाके ड्राइविंग करे वाला में 23966, स्टंटबाजी में 17, ड्रंक एंड ड्राइव माने कि शराब पीके गाड़ी चलावे वाला 85 लोगन के आ ओवर स्पीड में ड्राइविंग करे वाला 5061 लोगन के ट्रैफिक पुलिस चालान कइले बा।

स्टंटबाजन से एको रुपिया नइखे वसूल सकल पुलिस

एह तरे स्टंटबाजी करे वाला 17 पs 85 हजार के जुर्माना लागल। बाकिर, एसे ट्रैफिक पुलिस एको रुपिया वसूल ना सकल। जुर्माना लगावे में आगे रहे वाली ट्रैफिक पुलिस वसूली में बहुत पीछे नजर आ रहल बिया। एकरा पीछे ओकर तर्क बा कि ई ऊ लोग हs, जे तत्काल या बाद में ट्रैफिक कार्यालय आके जुर्माना भरी। जबकि, एमे कुछ कोर्ट के चक्कर में बा, कुछ लोक अदालत के इंतजार कs रहल बा तs कुछ पेशेवर बा।

अभी आउर होई सख्ती

ओहिजा, SP ट्रैफिक श्यामदेव बिंद के कहनाम बा, गोरखपुर में जवन लोग ट्रैफिक नियमन के तोड़ रहल बा, ओहपर चलान के कार्रवाई लगातार हो रहल बा। बहुत लोग कोर्ट जाला, एहिसे जुर्माना वसूले के रफ्तार धीमा बा। आवे वापा दिनन में ट्रैफिक नियमन के आउर कड़ाई से पालन करावल जाई।

691350cookie-checkगोरखपुर में 3.40 लाख लोग तुड़ल ट्रैफिक नियम: 11 महीना में काटल गइल 44.19 करोड़ के चालान, जमा भइल खाली 3.63 करोड़

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.