[the_ad_group id="30365"]

यात्रियन के झटका: डिब्रूगढ़ राजधानी समेत 31 ट्रेन रद्द, श्रमजीवी आ गरीबो रथ ना चलल, देखीं कैंसिल गाड़ियन के लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अग्निपथ योजना के विरोध में चल रहल आंदोलन के कारण सनिचर के डिब्रूगढ़ राजधानी आ हिमगिरी एक्सप्रेस समेत 31 गो ट्रेन रद्द रहल। सनिचर के योजना के विरोध में बिहारो बंद रहल। एकरा चलते उहां से चले वाला श्रमजीवी, मुजफ्फरपुर सप्तक्रांति, दानापुर-आनंद विहार, किसान एक्सप्रेस समेत तमाम प्रमुख ट्रेनन के पहिया थम गइल। संगही हिंसक प्रदर्शन के देखत रेलवे हावड़ा से चले वालन ट्रेनन के रद्द कs देलस।

रेल प्रशासन के मोताबिक आंदोलन के चलते सनिचर के मूल स्टेशनन से चले वालन ट्रेनन के रद्द कइल गइल बा। बड़ असर बिहारो बंद से रहल। बिहार के जयनगर, पटना, सहरसा,राजगीर,मुजफ्फरपुर के अलावे हावड़ा से चले वाला कइयन गो ट्रेनन के संचालन रोकल गइल बा। ट्रेनन के रद्द होखला से एक ओरि जहां यात्रियन के मुश्किल बढ़ गइल बा। ओहिजा स्टेशनन पs भीड़ बढ़ल बा। एकरा के लेके जीआरपी आ आरपीएफ के चौकसी बढ़ गइल बा।

रद ट्रेनन पs एगो नजर

  • डिब्रूगढ़ से नई दिल्ली(20503-04)
  • जयनगर-अमृतसर(14673)
  • दरभंगा-अमृतसर जननायक (15211-12)
  • गरीब रथ 12204(अमृतसर-सहरसा)
  • नांगलडैम-कोलकत्ता (12326)
  • सत्याग्रह रक्सौल-आनंद विहार (15273-74)
  • अंत्योदय दरभंगा-जालंधर सिटी (22551)
  • सद्भावना रक्सौल-आनंद विहार(14007)
  • आनंद विहार-मालदा टाउन(13430)
  • दानापुर-आनंद विहार(13257-58)
  • श्रमजीवी राजगीर-नई दिल्ली(12391-92)
  • मुजफ्फरपुर-आनंद विहार सप्तक्रांति(12557)
  • अर्चना एक्सप्रेस (12355)
  • अवध आसाम डिब्रूगढ़ से लालगढ़ (15909-10)
  • न्यूजलपाई गुड़ी से नई दिल्ली (12523)
  • किसान एक्सप्रेस फिरोजपुर-धनबाद(13308)
  • हरिहर एक्सप्रेस अंबाला-मुजफ्फरपुर (14524)
  • सियालदाह जम्मूतवी-कोलकत्ता (13151-52)
  • हिमगिरी हावड़ा-जम्मू (12331)
  • कुंभ हावड़ा-देहरादून (12369),
  • बाघ एक्सप्रेस हावड़ा-काठगोदाम (13019-20)
  • अमरनाथ एक्सप्रेस जम्मू-गोरखपुर(12588),
  • नई दिल्ली-मॉडल टाउन(14004)।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]