[the_ad_group id="30365"]

30 जून 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 30/06/2022
श्री गणेशाय नमः 

 

आज के पंचांग

 आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन में 08 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन- बियफे।

पुनर्वसु नक्षत्र

रात में 11 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद पुष्य नक्षत्र।

ध्रुव जोग

दिन में 09 बजके 43 मिनट ले,

ओकरा बाद व्याघात जोग।

वव करण।

गुप्त नवरात्रारम्भ:।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 01/07/2022

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वितीया

 दिन में 10 बजके 50 मिनट ले।

दिन- सुक।

पुष्य नक्षत्र

रात में 02 बजके 21 मिनट ले।

व्याघात जोग

दिन में 10 बजके 17 मिनट ले।

कौलव करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू, ले, लो, अ से सुरू होला)

बोली के प्रभाव से रोकल काम पूरा होई। कारोबार में बढ़न्ती होई। मेहनत बेसी रही। परिवार में सुख-शान्ति खातिर कोसिस करीं। भौटोक सुख बढ़ी। माई-बाबूजी के सहजोग मिल सकेला। धरम-करम में रुचि बढ़ी। स्वभाव में चिड़चिड़ापन हो सकेला। माई-बाबूजी से वैचारिक मतभेद हो सकेला। कवनो सम्पत्ति से धन मिले के साधन बन सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आत्म विस्वास से भरल रहब। शिक्षा के काम में सुखद परिणाम मिली। नौकरी में परिवर्तन के जोग बन रहल बा। स्थान परिवर्तन हो सकेला। धीर के कमी रही। मानसिक शांति रही। नौकरी में कवनो अलग से जिम्मेदारी मिल सकेला। मेहनत बेसी रही। काम के क्षेत्र में इस्तिथी सुधरी। धन के इस्तिथी सुधरी।

मिथुन| Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ से सुरू होला)

नौकरी में अफसर लोग के सहजोग मिली। तरक्की के अवसर मिल सकेला। आय में बढ़न्ती होई। काम के क्षेत्र बदल सकेला। सेहत के धेयान राखीं। आत्म विस्वास बढ़ी। माई के स्वास्थ में सुधार होई, बाकिर मानसिक चिंता बढ़ी। खुद के गंभीर राखीं। बोली में कठोरता के प्रभाव बढ़ सकेला। काम के क्षेत्र में कठिनाईयन के सामना करे के पड़ सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी कष्ट से भरल हो सकेला। परिवार के साथे कवनो धार्मिक स्थान पs जाए के कार्यक्रम बन सकेला। खरचा बढ़ी। मन में शांति आ खुसी के भाव रही। आत्मविश्वास बढ़ी। कारोबार में कठिनाई के सामना करे के पड़ सकत बा। माई के स्वास्थ में बाधा आ सकेला। रहन-सहन में असहज रहब। संघतिया के सहजोग मिली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

मानसिक शांति रही। नौकरी में तरक्की के मवका मिल सकेला। शासन-सत्ता के सहजोग मिली। नौकरी में अफसरन से वैचारिक मतभेद हो सकेला। आत्म विस्वास में कमी रही। बाबूजी के सानिध्य आ सहजोग मिली। खरचा के अधिकता रही। काम के क्षेत्र में विपरीत परिस्थितियन के सामना करे के पड़ सकत बा। स्वाद से भरल खान पान में रुचि रही। संघतिया से भेंट होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

बातचीत में संतुलित रही। नौकरी खातिर प्रतियोगी परीक्षा आ साक्षात्कार में सफलता मिली। शासन-सत्ता के सहजोग मिली। तुरन्त नाराज तुरन्त संतुष्ट के होखला के इस्तिथी रही। काम के क्षेत्र में कठिनाई आ सकेला। मन में शांति आ खुशी के भाव रही। कुटुंब के कवनो बुजुर्ग से धन मिले के जोग बन रहल बा। कपड़ा पs खरचा बढ़ी। आय के इस्तिथी में सुधार रही।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

मन परेसान रही। मानसिक शांति खातिर कोसिस करीं। नौकरी के काम के क्षेत्र में परिवर्तन के संभावना बन रहल बा। मेहनत बेसी रही। सेहत के धेयान राखीं। स्वभाव में चिड़चिड़ापन हो सकेला। कारोबार के इस्तिथी में सुधार होई। घर-परिवार में धार्मिक काम होई। कपड़ा उपहार में मिल सकेला। कवनो धार्मिक स्थान के जतरा पs जा सकत बानी।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

शिक्षा के काम में मन लागी। बौद्धिक कामन से आय के साधन बन सकेला। कारोबार पs धेयान दीं। कुछ कठिनाईयन के सामना करे के पड़ सकत बा। अपना भावना के वश में राखीं। नौकरी में तरक्की के अवसर मिल सकेला। भाई-बहिन के सहजोग से कवनो पैतृक बेवसाय के विस्तार हो सकेला। लाभ के अवसर मिली। संतान के कष्ट रही। मीठा खाये में रुचि रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

गंभीर रहीं। खीस पs लगाम राखीं। शिक्षा के क्षेत्र में सफलता मिली। कवनो संघतिया के सहजोग से आय के साधन बन सकेला। आत्मविश्वास में कमी आई। नौकरी में कठिनाई के सामना करे के पड़ सकत बा। परिवर्तन के जोग बन रहल बा। परिवार से दूर जा सकेनी। शिक्षा के क्षेत्र में काम के सुख से भरल परिणाम मिली। काम मे विपरीत परिस्थिति हो सकेला।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

संतान सुख में बढ़न्ती होई। रचना के काम में बाझल रहब। आय के स्त्रोत बनी। सम्पत्ति से धन लाभ हो सकेला। मानसिक शान्ति रही। आलस बेसी रही। खरचा जादे रही। अपना भावना के वश में राखीं। परिवार के सहजोग मिली। परिवार के साथे जतरा पs जा सकत बानी। बेमतलब के खरचा बढ़ी। जीवन साथी के साथ मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

मन शांत रही। आलस हो सकेला। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। नौकरी के काम में मेहनत जादे रही। बौद्धिक काम से धन के प्राप्ति हो सकेला। गंभीर रहीं। खीस के अधिकता से बांची। पारिवारिक जिनगी कष्ट से भरल रही। मानसिक परेसानी में कुछ कमी आई। आपन भावना पs लगाम राखीं। परिवार के सहजोग मिली। जमा कइल धन में कमी आई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

बातचीत में गंभीर रहीं। संतान के स्वास्थ के धेयान राखीं। नौकरी में अफसर लो से सदभाव बना के राखीं। कवनो सम्पति से धन लाभ हो सकेला। मानसिक शान्ति रही, बाकिर मन में नकारात्मकता के प्रभाव रह सकेला। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। संघतिया लो के साथे जतरा के संजोग बन रहल बा। जतरा कष्टदायी रही। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]