[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली: तेज रफ्तार ट्रक फुटपाथ पs सुतल लोग के कुचल दिहलस; 3 गो के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में एगो दिल दहला देवे वाला घटना सोझा आईल बा। सोमार के सबेरे पूर्वोत्तर दिल्ली के शास्त्री पार्क इलाका में फुटपाथ पs सुतल पांच लोग के एगो ट्रक कुचल दिहलस। एह हादसा में 3 लोग के मउत हो गईल।

दुर्घटना सबेरे 5 बजे भइल

मामिला के अवुरी विवरण देत पुलिस कहलस कि सोमार के सबेरे 4.56 बजे पीसीआर कॉल आईल कि सीलमपुर से आवत तेज रफ्तार ट्रक फुटपाथ डिवाइडर पs चढ़ गईल बा। फुटपाथ पs 5 लोग सुतल रहे। तीन जने के मउत हो गईल। मरेवाला लोग के पहचान हो रहल बा। एकरा अलावे दु जने गंभीर रूप से घाही बाड़े, जवना के नाम मुस्ताक अवुरी कमलेश हs।

पुलिस के कहनाम बा कि दुर्घटना के बाद ट्रक चालक मौका से फरार हो गईल। उनकर खोज जारी बा घाही लोग के जग प्रवेश अस्पताल में भरती करावल गईल, जहां डॉक्टर तीन लोग के मृत घोषित कs देले। दू गो अउरी जने के जीटीबी अस्पताल में भरती करावल गइल बा. जहां उनुकर इलाज चलता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]