[the_ad_group id="30365"]

ऑपरेशन थियेटर के अंदर बॉलीवुड गाना पs डांस आ रील बनावल नर्सन के पड़ल भारी, मिलल इs बड़ सजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छत्तीसगढ़ के राजधानी रायपुर के एगो सरकारी अस्पताल के ऑपरेशन थियेटर के भीतर रील बना के सोशल मीडिया पs शेयर करे के आरोप में तीन नर्स के सेवा से बर्खास्त कs दिहल गईल बा। अधिकारी सोमार के दिने ई जानकारी दिहले।

पूरा मामिला का बा?

रायपुर के दाऊ कल्याण सिंह स्नातकोत्तर संस्थान आ शोध केन्द्र के उप अधीक्षक डॉ. हेमंत शर्मा बतवले कि संस्थान के दैनिक वेतन भोगी स्टाफ नर्स पुष्पा साहू, त्रुपति दासर आ तेज कुमारी के खिलाफ शिकायत मिलला के बाद 23 फरवरी के बर्खास्त कs दिहल गइल।

शर्मा बतवले कि एs महीना के पांच तारीख के बर्न एंड प्लास्टिक सर्जरी यूनिट के ऑपरेशन थियेटर के भीतर तीनों रील बनवले रहली। जब सहायक नर्सिंग अधीक्षक के एह बारे में पता चलल तs ऊ एह घटना के बारे में शीर्ष अधिकारियन के जानकारी दिहलन।

उ कहले कि ऑपरेशन थियेटर के भीतर फोटो खिंचवावल अवुरी रील बनावल नियम के खिलाफ बा। तीनों नर्स बहरी पहिनल जूता-चप्पल पहिन के ऑपरेशन थियेटर में घुसल रहली अवुरी रील बनवले रहली, जवन कि नियम के खिलाफ बा।

शर्मा बतवले कि जब वार्ड प्रभारी नर्स ए लोग के हरकत पs आपत्ति जतवले तs तीनो उनुका संगे कथित तौर पs बदसलूकी कईले। उs कहले कि शिकायत के जांच के बाद तीनों नर्स के सेवा से बर्खास्त कs दिहल गईल बा।

अस्पताल प्रबंधन के साझा दुगो रील में से एगो में ऑपरेशन थियेटर में इस्तेमाल होखेवाला हरियर रंग के कपड़ा पहिनले तीनों नर्स बॉलीवुड के गाना ‘फिरता रहूं मैं दर बदर’ पs सर्जिकल इंस्ट्रूमेंट लेके नाचत देखाई देतारी। एगो अउरी रील में ऊ ‘व्हाई दिस कोलावेरी डी’’ गाना पs नाचत लउकत बाड़ी।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]