[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली एसिड अटैक ममिला में 3 आरोपी गिरफ्तार, पुलिस कर रहल बिया घटना के जांच, सरेआम फांसी के मांग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Delhi Acid Attack: राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली क्राइम कैपिटल बनत जा रहल बा। ताजा ममिला दिल्ली के द्वारका इलाका के बा। जहां एगो छात्रा पs बाइक सवार जुवक एसिड अटैक कs दिहल। ओहिजा, घटना के बाद पुलिस 3 आरोपियन के गिरफ्तार कइले बिया। ओहिजा, एसिड अटैक के घटना से समूचा इलाका में सनसनी बा, घटना के लेके पूरा देश में गुस्सा बा। खास कs के दिल्ली के लोग आरोपियन के कड़ा से कड़ा सजा देवे के मांग कइले बा।

सांसद कइलें सार्वजनिक फांसी के मांग:

छात्रा पs तेजाब फेंके के घटना से समूचा दिल्ली में उबाल बा। लोग दोषियन के कड़ा से कड़ा सजा देवे के मांग कर रहल बा। एही कड़ी में भारतीय जनता पार्टी के सांसद गौतम गंभीर आरोपियन के सबका सामने फांसी के सजा देवे के मांग कइलें बाड़ें। अपना ट्विटर हैंडल पs गंभीर लिखले बाड़ें कि हमनी के एह जानवरन में डर पैदा करे के होई। द्वारका में स्कूल के लईकी पs तेजाब फेंके वाला लईकन के समाज के सामने फांसी देला के जरूरत बा।

एसिड के खुदरा बिक्री पs प्रतिबंध के मांग:

दिल्ली के द्वारका इलाका में भइल एसिड अटैक के घटना के महिला आयोगो संज्ञान में लेले बा। दिल्ली महिला आयोग एसिड हमला के घटना के बाद एसिड के खुदरा बिक्री पर प्रतिबंध के संबंध में कार्रवाई रिपोर्ट मांगे खातिर दिल्ली सरकार के गृह विभाग के नोटिस जारी कइले बा।

अस्पताल में चल रहल बा पीड़िता के इलाज:

दिल्ली के द्वारका इस्थित थान मोहन गार्डन इलाका में दु गो बाइक सवार जुवक तेजाब अटैक कइल। ओहिजा, घटना के बाद पुलिस के एकर सूचना दिहल गइल। ओहिजा पीड़िता के सफदरजंग अस्पताल रेफर कर दिहल गइल। दिल्ली पुलिस के कहनाम बा कि हमला में छात्रा करीब 8 फीसदी जल गइल बिया। एह घटना के लेके 3 आरोपियन के गिरफ्तार कs के पुलिस पूछताछ कर रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]