Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

29 जून 2022 के राशिफल

627

दिनांक- 29/06/2022
श्री गणेशाय नमः 

 

आज के पंचांग

 आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- अमावस्या

प्रातः 06 बजके 54 मिनट ले।

दिन- बुध।

आद्रा नक्षत्र

रात में 09 बजके 23 मिनट ले।

वृद्धि जोग

दिन में 09 बजके 03 मिनट ले।

नाग करण।

स्नान दान अमावस्या।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 29/06/2022

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

 दिन में 08 बजके 55 मिनट ले।

दिन- बियफे।

पुनर्वसु नक्षत्र

रात में 11 बजके 58 मिनट ले।

ध्रुव जोग

दिन में 09 बजके 43 मिनट ले।

वव करण।

गुप्त नवरात्रारम्भ:।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू, ले, लो, अ से सुरू होला)

आज के दिन निश्चित रूप से फलदाई रही। कवनो मित्र के सूचना पs तुरंत नइखे भागे के काहेकि ऊ परेसान करे खातिर कवनो सूचना दे सकत बा। जदि काम के क्षेत्र में देरी होई, तs ऊ रउआ ला लाभदायक रही, एहसे चिंता नइखे करे के। परिवार के कवनो सदस्य के स्वास्थ में चल रहल गिरावट में सुधार होई। प्रेम जीवन जी रहल लोग अपना साथी के परिवार के सदस्यन से मिलवा सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन राउर प्रभाव आ प्रताप में बढ़न्ती लेके आई। नौकरी में काम करे आला लोग अपना अधिकारी लो के दिल जीते में कामयाब रही, जवना कारण आत्मसम्मान में बढ़न्ती होई। जे विदेश से आके शिक्षा लेवे के चाहत बा, ओकरा आज मवका मिल सकत बा। राउर कवनो नाया सम्पति के चाह पूरा होई, बाकिर राउर कुछ शत्रु तरक्की देख के परेशान रही लो। विद्यार्थी लोग के अपना कमजोर विषयन पs जादे मेहनत करे के पड़ी, तबे सफलता हासिल होई। बिजनेस कs रहल लोगन के जदि केहू से सलाह लेवे के पड़ी, तs कवनो अनुभवी आदमी से सलाह लेवल ठीक रही।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ से सुरू होला)

आज के दिन सब तरे से फलदायक रही। संतान के चिंता औराई काहेकि ओकरा निमन नौकरी मिल सकेला। काम के क्षेत्र में माहौल आउर निमन होई। लोग राउर बड़ाई करत लउकी। धन से जुड़ल योजना में भइल निवेश लाभ दी। सुख सुविधा के खातिर कुछ खरीदारी हो सकत बा। जतरा पs जाए के जदि कवनो योजना बा तs कुछ समय खातिर ओकरा के टार दीं, ना तs कवनो प्रिय चीझ के चोरी के भय बनल बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

बेवसाय करे आला लोगन खातिर आज के दिन उत्तम रहे वाला बा, काहेकि नाया प्रोजेक्ट के ऑफर आ सकेला। अपना करियर के लेके जवन चिंता बा ऊ ओरा जाई। काम के क्षेत्र में परिस्थिति कुछ नाया मोड़ ले सकत बा। घर में पनपे वाला वाद-विवाद में दुनो पक्षन के सुनला के बाद निर्णय लेवे के होई, ना तs बाउर सुने के मिल सकेला। पेट से जुड़ल समस्या फेर से बनी, खानपान पs नियंत्रण राखीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज कवनो जोखिम उठावे से बांचे के होई। जमीन-जायदाद में निवेश के योजना बा, तs ओमे सोच समझ के विचार कs के आगे बढ़े के होई। नया काम के छोट आ बड़ देख के नइखे करे के। कवनो तरे के रिस्क लेवे से बांचे के होई। जीवन साथी के सहजोग पाके राउर कइयन तरे के समस्या के समाधान मिली। संतान के भविष्य खातिर चिंता रही, बाकिर परिवार के बुजुर्ग लोगन से ओकर समाधान मिल जाई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन ठीक-ठाक फल दी। अधूरा काम पूरा करे के ठानेम आ ओकरा के ओरवा के दम लेम। काम के छेत्र में बदलाव के बन रहल कवनो योजना लाभदायक रही। परिवार के वरिष्ठ सदस्यन संगे कवनो जरूरी काम खातिर बईठकी हो सकेला। जीवन साथी के संगे लॉन्ग ड्राइव के योजना बनी, जे नौकरी खातिर घर से दूर बा, ऊ अपना परिवार के सदस्य लोग से मिले आ सकत बा।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन सामान्य रही। घर में चल रहल कवनो कलह ओराई। पारिवारिक वातावरण शांति से भरल रही। काम के क्षेत्र में केहू से पूछ के निवेश करे से बांचे के, ना तs गलत सलाह मिल सकेला। छोट लईकन के साथे कुछ समय बीती, बाकिर कुछ फरमाइश आ सकेला। बढ़त खरचन के लेके मन परेसान रही, जवना पs लगाम लगावे के होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन दाम्पत्य जिनगी में मधुरता आई। बेयपार में लेन-देन में सावधानी बरतीं, ना तs बाद में परेसानी के सामना करे के पड़ी। पीछे लिहल गइल कवनो निर्णय के वजे से पछतावा होई, एसे सतर्क रह के कवनो काम करे के होई। घर के कवनो जरूरी सामान के खरीददारी कs सकत बानी। राजनीति के दिशा में काम करत लोग के आज पदभार मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

परिवार के माहौल खुशियन से भरल रही। परिवार में कवनो सदस्य के बियाह आ मांगलिक कार्यक्रम हो सकत बा। जे लोग रोजगार के तलाश में लागल बा ओकरा कवनो मित्र द्बारा नौकरी के ऑफर आ सकेला। रउआ अपना घर के साफ सफाई आ साज सज्जा के खास खेयाल राखे के होई। परिवार के कवनो सदस्य के बात बुरा लाग सकेला, बाकिर ओकरा के चुपचाप सुने के होई। माई के स्वास्थ में समस्या हो सकत बा।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन कुछ तनावग्रस्त रहे आला बा। जदि कवनो संघतिया से जादे समय से झगड़ा चलत आवत बा तs आज ओकरा के  समझावे के राउर कोसिस रही। आज घर के जरूरी सामान किने जा सकत बानी। जीवन साथी से पिछिला गलती खातिर माफी मांगे के पड़ सकत बा। परिवार के कवनो सदस्य के  विदेश जाए के मवका मिली। काम के क्षेत्र मेज गुप्त शत्रुअन से सावधान रहे के जरूरत बा, काहेकि खिलाफ में षडयंत्र रचल जा सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिने मान-सम्मान बढ़ी। लोगन के साथे हंसी-मजाक करत लउकेम, बाकिर साथे-साथे आपन काम कावरो धेयान देवे के होई। ससुराल पक्ष के कवनो आदमी से धन लाभ मिलत लउकत बा। कवनो आदमी ला गलत धारण नइखे करे के। कारोबार करे वाला लोग खातिर दिन समान्य रही, एहिसे जादे निवेश करे से बचे के होई। सामजिक क्षेत्र में जवन लोग हाथ आजमा रहल बा, ओकरा कवनो सूचना सुने के मिल सकत बा।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिने राउर स्वास्थ कुछ नरम-गरम रही, जवना कारणे कवनो काम करे में मन ना लागी। संघतिया लो के साथे निमन समय बीती आ राउर अविश्वसनीय आदमी से भेंट होई, जवन परेसान करे वाला रही। कवनो काम में निवेश बेहतर रही। विद्यार्थी लो के आपन सीनियर्स आ गुरुजन लो के साथ पाके समस्या के समाधान मिली। घरे अतिथि के आगमन हो सकत बा। संतान के बढ़त खरचा पs लगाम लगावे के पड़ी, ना तs बाद में धन के संकट से जूझे के पड़ सकत बा।

 

282290cookie-check29 जून 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.