[the_ad_group id="30365"]

28 अगस्त 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 28/08/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन में 02 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन- अतवार।

पूर्वाफाल्गुनी नक्षत्र

रात में 10 बजके 35 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तराफाल्गुनी नक्षत्र।

सिद्ध जोग

रात में 03 बजके 18 मिनट ले,

ओकरा बाद साध्य जोग।

वव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 29/08/2022

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वितीया

दिन में 02 बजके 38 मिनट ले।

दिन- सोमार।

उत्तराफाल्गुनी नक्षत्र

रात में 11 बजके 30 मिनट ले।

साध्य जोग

रात में 02 बजके 24 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

कारोबार में घर के लोगन के सहजोग मिली। काम के क्षेत्र में लापरवाही मत बरतीं ना तs बॉस के डांट पड़ सकत बा। मन में संतोष के भाव पनप सकत बा। आर्थिक नुकसान हो सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

परिवार में कवनो मांगलिक काम केके आयोजन हो सकेला। कारोबार में कवनो बड़ ऑफर मिल सकेला। धन लाभ संभव बा। आपन सेहत के खेयाल राखीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन मिलल-जुलल रही। धार्मिक कामन में रुचि लेम। कवनो रुकल काम पूरा होई। वाहन सावधानी से चलाई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

जीवन साथी के सेहत के खेयाल राखीं। ऑफिस में काम के अधिकता रही। आर्थिक स्थिति निम्मन रही। जिनगी में कवनो नाया संघतिया के आगमन हो सकत बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आय के साधन भेंटी। पारिवारिक समस्या से चिंता में आ सकेनी। वित्तीय लाभ संभव बा। आज बनावल गइल नाया संपर्क भविष्य में काम आ सकेला।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिने कवनो संघतिया से मुलाकात हो सकेला। दफ्तर में समे से काम पूरा कइला पs सराहना कइल जाई। सही योजना से आगा बढ़ब तs सकारात्मक बदलाव ले आ सकेनी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

सेहत निम्मन रही। काम के क्षेत्र में राउरे मोताबिक काम पूरा होई। पारिवारिक माहौल खुशनुमा रही। विदेस में नौकरी के ऑफर मिल सकेला।  कौशल विकास करीं। मरद-मेहरारू के बीचे कवनो बात के लेके मनमुटाव हो सकत बा।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिने बड़ खुसी मिल सकेला। कौशल विकास करीं। मरद-मेहरारू के बीचे कवनो बात के लेके मनमुटाव हो सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

घर में सुख शांति के माहौल रही। प्रेम जिनगी में असमंजस के स्थिति पैदा हो सकेला। अर्थिक लाभ हो सकत बा। आज के दिने बहुत जादे काम करे से बांची।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

दफ्तर में सहकर्मियन के सहजोग भेंटी। प्रेमी के संगे डेट पs जा सकेनी। मन के शांत राखे के कोसिस करीं। घर-परिवार खातिर समे निकाली।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

बिजनेस में बड़ डील हाथे लाग सकेला। प्रेमी के संगे समे बिताएम। स्वास्थ सामान्य रही। केहू के बुराई करे से बांची।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

बेयपारी लोग के लाभ मिली। नौकरीपेशा लोगन के ट्रांसफर हो सकेला। स्वास्थ ठीक रही। बुद्धि से कइल गइल काम सफल होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]