[the_ad_group id="30365"]

27 मार्च 2023 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-27/03/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- षष्ठी

दिन में 05 बजके 28 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन- सोमार।

रोहिणी नक्षत्र

दिन में 03 बजके 27 मिनट ले

ओकरा बाद मृगशीर्षा नक्षत्र।

आयुष्मान जोग

रात में 11 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद सौभाग्य जोग।

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 28/03/2023

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात में 07 बजके 02 मिनट ले।

दिन- मंगर।

मृगशीर्षा नक्षत्र

दिन में 05 बजके 32 मिनट ले।

सौभाग्य जोग

रात में 11 बजके 35 मिनट ले।

गर करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

चंद्र मंगल के युति भावुकता प्रदान करी। लड़ाई-झगड़ा से बचीं। मित्र भा कवनो रिश्तेदार से तनाव मिल सकत बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

वाहन चलावत घरी सावधानी रखीं। जलीय क्षेत्र में सचेत रहला के आवश्यकता बा। रचना के काम आगा बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सफलता मिली। धन, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। बेवसायिक कोसिस फलीभूत होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

वाहन चलावत घरी सावधानी रखीं। यात्रा देशाटन के इस्थिति बा। कवनो मूल्यवान वस्तु के खोवे भा चोरी होखे के आशंका बा। सचेत रहीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के दायित्व के पूर्ति होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। पद, प्रतिष्ठा में बढ़न्ती होई। रचना के कोसिस सफल होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

संतान के दायित्व के पूर्ति होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। पद, प्रतिष्ठा में बढ़न्ती होई। रचना के कोसिस सफल होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

जीवनसाथी के सहजोग मिली। ससुराल पक्ष के प्रोत्साहन रही। रिश्तन में निकटता आई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। कवनो अइसन घटना हो सकत बा जवन रउआ हित में ना होखे। बेकार के परेसानी आ तनाव मिली।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

रचना के कोसिस सफल होई शासन सत्ता के सहजोग रही। दांपत्य जीवन सुख से भरल रही। ससुराल पक्ष से तनाव मिली।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

जीवनसाथी से वाद-विवाद हो सकत बा। ओकरा स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। बेकार के भाग-दउर रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम प्रतिष्ठा दी। निर्माण आ शोध कार्य के दिशा में सफलता मिली।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरुरी वस्तुअन में बढ़न्ती होई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]